ट्रेड विंड

विकिपीडिया से
(ट्रेड विंड्स से अनुप्रेषित)
पीयर आ भूअर रंग में बैस्विक पुरुआ हवा आ बुलू कलर से बैस्विक पछुआ हवा

ट्रेड विंड्स (अंग्रेजी: trade wind) चाहे बैस्विक पुरुआ हवा (अंग्रेजी: easterlies) परमामेंट बहे वाली सदाबाहिनी हवा (प्रिवेलिंग विंड) हईं स जे पृथ्वी के बिसुवत रेखीय इलाका में बहे लीं। उत्तरी गोलार्ध में ई उत्तर-पूरुब दिसा से आ दक्खिनी गोलार्ध में दक्खिन-पूरुब दिसा से बहे लीं, जाड़ा में ई गम्हीर हो जाली जब आर्कटिक ऑस्किलेशन अपना गरम फेज में होखे ला। ट्रेड हवा सभ के इस्तेमाल समुंदरी जहाज चलावे में कप्तान लोगन द्वारा कई सदी से होखत आ रहल बाटे। ई अमेरिका में यूरोपीय कॉलोनी अस्थापित करे में सहायक साबित भैलिन आ अटलांटिक महासागरप्रशांत महासागर में ब्यापारिक रूट अस्थापित करे में मददगार भइलीं।