टेरेस्ट्रियल रेडियेशन

क्लाइमेट साइंस में टेरेस्ट्रियल रेडियेशन (अंग्रेजी: terrestrial radiation) longwave radiation अइसन इलेक्ट्रोमैग्नेटिक थर्मल रेडियेशन हवे, जे धरती के सतह, वातावरण, आ बादल से अंतरिक्ष के ओर बाहर निकले ला। ई स्पेक्ट्रम (spectrum) के इंफ्रारेड हिस्सा में होखेला, बाकिर ई सूरज से पृथिवी के ओर आवे वाला शॉर्टवेव (SW) चाहे नियर-इंफ्रारेड (near-infrared; NIR) विकिरण से अलग होखेला। अब ई लांगवेव रेडियेशन होला एकरा चलते एकरा के खाली भर लॉन्गवेव रेडियेशन (LWR) चाहे आउटगोइंग लांगवेव रेडियेशन (Outgoing longwave radiation; OLR)के नाँव से भी बोलावल जाला। OLR ग्रह के ठंडा होखे (planetary cooling) में महत्वपूर्ण भूमिका निभावेला।
हिंदी भाषा में एकरा के पार्थिव विकिरण[1][2] चाहे बहिर्गामी दीर्घतरंगीय विकिरण के नाँव से जानल जाला जे अंग्रेजी के टर्म सभ के सीधा शब्दानुवाद हवें।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Khullar, D. R. Geography Textbook-Hindi (Hindi में). Saraswati House Pvt Ltd. ISBN 978-93-5041-242-8.
- ↑ Garg, Dr H. S. (2022-12-21). जलवायु विज्ञान और समुद्र विज्ञान (Climatology And Oceanography) (Hindi में). SBPD Publications.
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |