टेम्बा बवूमा
Appearance
टेम्बा बवूमा (जनम: 17 मई 1990) एगो साउथ अफ्रीकी अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खिलाड़ी हउवें, जे अभी साउथ अफ्रीका के टेस्ट आ वनडे टीम के कप्तान बाड़ें, आ पहिले टी20 टीम के भी कप्तानी कइले रहलन। ऊ दंँयहत्था मिडिल ऑर्डर बल्लेबाज हवें। टेम्बा बवूमा साउथ अफ्रीका खातिर टेस्ट में सेंचुरी बनावे वाला पहिला ब्लैक अफ्रीकी खिलाड़ी रहलें, आ ओही टीम के कप्तानियो करे वाला पहिला अफ्रीकी मूल के खिलाड़ी बनलें। बवूमा साउथ अफ्रीका के ओह तीन बैट्समैन में से एक हवें, जे अपना वनडे डेब्यू मैच में सेंचुरी (113 रन) बनवले रहलें — ई मैच सितंबर 2016 में आयरलैंड के खिलाफ भइल रहल। उनका कप्तानी में साउथ अफ्रीका 2025 के वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल जीतलस, जे साउथ अफ्रीका के 27 साल बाद आईसीसी टूर्नामेंट में पहिलका जीत रहल।
| ई जीवनी संबंधी लेख क्रिकेट से जुड़ल कौनों व्यक्ति के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |