टेम्पलेट:हप्ता के फोटो सुरक्षित/हप्ता 21/2021

विकिपीडिया से
विन्सेंट वान गॉग

विन्सेंट वान गॉग (30 मार्च 1853 – 29 जुलाई 1890) एगो डच पेंटर का कलाकार रहलें। पोस्ट-इम्प्रेशनिज्म के अगुवा लोगन में से एक, वान गॉग , पच्छिमी कला जगत में मॉडर्न आर्ट के नेंइ रखलें। लगभग एक दशक में ई 2,100 कलाकृति बनवलें जेह में 860 गो ऑयल पेंटिंग बाड़ी सन। कामर्शियल रूप से ई अपना जिनगी में बहुत सफल ना भइलें आ लोग इनके पागल आ बिफल ब्यक्ति माने। देखावल गइल पेंटिंग सितंबर 1889 में बनावल इनके ख़ुद के पोर्ट्रेट हवे जे आज के समय में पेरिस के म्यूजि दि'ओर्से म्यूजियम में रखल बाटे। ई शाइद इनके बनावल आखिरी सेल्फ़-पोर्ट्रेट हवे।

पेंटिंग: विन्सेंट वान गॉग

  • हाल में देखावल गइल: