Jump to content

टुंड्रा

विकिपीडिया से
टुंड्रा
Tundra
ग्रीनलैंड में टुंड्रा इलाका के एगो सीन
      extent of the Arctic and Antarctic tundra
Geography
Area11,563,300[1] किमी2 (4,464,600 वर्ग मील)
Climate typeET

भौतिक भूगोल में टुंड्रा (अंग्रेजी: Tundra) एगो बायोम (जीवीय प्रदेश) हवे, जहाँ बहुत बेसी ठंढक होला आ पौधा सभ के बढ़े के समय (ग्रोइंग सीजन) बहुत छोट होला; एही के कारण पेड़-पौधन ओह इलाका में बहुत बिकास ना हो पावेला। टुंड्रा के तीन प्रमुख प्रकार मानल जाला—आर्कटिक टुंड्रा,[2] अल्पाइन टुंड्रा[2] आ अंटार्कटिक टुंड्रा।[3] टुंड्रा के बनस्पति में मुख्य रूप से बौना झाड़ी, सेज, घास, काई (मॉस) आ लाइकेन शामिल होलें। कुछ टुंड्रा क्षेत्रन में इक्का-दुक्का पेड़वो मिले ले। टुंड्रा के वीरान इलाका आ पेड़-पौधन वाल बन के बीच के ट्रांजिशन जोन के ट्री लाइन चाहे "टिंबरलाइन" कहल जाला।[4]

टुंड्रा इलाका के माटी नाइट्रोजन आ फॉस्फोरस से भरपूर होले।[2] एह माटी में बहुत मात्रा में जैविक पदार्थ आ विघटित जैविक पदार्थ स्थायी हिममृदा (परमाफ्रॉस्ट) में मीथेन आ कार्बन डाइऑक्साइड के रूप में जमा रहे ला। इहे कारण ह कि टुंड्रा के माटी कार्बन भंडार (कार्बन सिंक) के रूप में काम करे ले। जब ग्लोबल वार्मिंग के चलते टुंड्रा इलाका में गर्मी बढ़े ला आ परमाफ्रॉस्ट पघिले लागे ला, तब ई जमा कार्बन के तेजी से वायुमंडल में छोड़े लागे ला। एकरा चलते ग्रीनहाउस गैस के मात्रा बढ़ जाले, जवन जलवायु परिवर्तन के अउरी तेज कर देला। ई प्रक्रिया एगो प्लस वाला फीडबैक चक्र पैदा करेला, जे जलवायु परिवर्तन के लगातार बढ़ावे में योगदान देला।

  1. "Ecoregions". वल्ड वाइल्डलाइफ फंड. Archived from the original on 4 June 2011.
  2. 1 2 3 "The Tundra Biome". The World's Biomes. University of California, Berkeley. Archived from the original on 22 July 2023. Retrieved 5 March 2006.
  3. "Terrestrial Ecoregions: Antarctica". Wild World. नेशनल ज्यॉग्रफिकल सोसाइटी. Archived from the original on 5 August 2011. Retrieved 2 November 2009.
  4. "Tree - Alpine, Arctic, Subalpine | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 12 जुलाई 2026.