जॉन बीम्स

विकिपीडिया से
जॉन विलियम बीम्स
जनम(1837-06-21)21 जून 1837
इंग्लैंड
निधन24 मई 1902(1902-05-24) (उमिर 64)
राष्ट्रीयताअंग्रेज
पेशासिविल सर्वेंट, लेखक
माईबापरेव. टॉमस बीम्स

जॉन विलियम बीम्स (John William Beames; 21 जून 1837 — 24 मई 1902) ब्रिटिश भारत में सिविल सर्वेंट आ लेखक रहलें। मार्च 1859 से 1861 के अंत ले पंजाब में, आ दिसंबर 1861 से बंगाल में 1893 में अपन सर्विस के समापन ले, सेवा दिहलें। ई भारतीय इतिहास, साहित्य आ भाषा विज्ञान के विद्वानो रहलन। इनके सभसे प्रमुख रचना भारत-आर्य भाषा सभ के तुलनात्मक व्याकरण रहल, जे 1872-1879 में तीन खंड में छपल।[1] मार्च 1893 में जब ई भारतीय सिविल सेवा से रिटायर भइलन तब इनके भारतीय जीवन के व्यापक जानकारी मिल चुकल रहे आ 1896 में ऊ अपना कैरियर के बिबरन लिखलें जे पहिली बेर 1961 में मेमोइर्स ऑफ ए बंगाल सिविलियन के नाँव से प्रकाशित भइल।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. John Beames (2012). Comparative Grammar of the Modern Aryan Languages of India. Cambridge University Press. ISBN 9781108048132.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]