जॉन ग्रिशम
John Grisham | |
|---|---|
2016 में ग्रिशम | |
| जनम | John Ray Grisham Jr. फरवरी 8, 1955 Jonesboro, Arkansas, U.S. |
| समय | 1989–अबतक |
| बिधा | लीगल थ्रिलर (उपन्यास) |
| जीवनसाथी | Renee Grisham (बि. 1981) |
| संतान | 2 |
| वेबसाइट | |
| jgrisham.com | |
जॉन रे ग्रिशम जूनियर (जनम 8 फरवरी 1955)[1][2] अमेरिका के लेखक, वकील आ पूर्व राजनीतिक नेता हउवन। ऊ आपन कानूनी थ्रिलर (legal thriller) उपन्यासन खातिर दुनिया भर में जानल जालें। अमेरिकन एकेडमी ऑफ अचीवमेंट के मुताबिक, ग्रिशम लगातार 37 गो नंबर-वन फिक्शन बेस्टसेलर लिख चुकल बाड़ें, आ उनकर किताबन के दुनिया भर में 30 करोड़ से जियादा कॉपी बिक चुकल बा। टॉम क्लैंसी आ जे. के. रोलिंग के संगे, ग्रिशम ओही गिनती के तीन गो अंग्रेज़ी भाषा के लेखकन में से एगो बाड़ें, जिनकर किताब के पहिलके छपाई में 20 लाख से बेसी कॉपी बिकाइल बा।
ग्रिशम मिसिसिपी स्टेट यूनिवर्सिटी से पढ़ाई पूरा कइलन आ 1981 में यूनिवर्सिटी ऑफ मिसिसिपी स्कूल ऑफ लॉ से कानून (Juris Doctor) के डिग्री लिहलन। करीब दस साल ले ऊ आपराधिक (फ़ौजदारी) वकील के रूप में काम कइलन आ 1983 से 1990 तक मिसिसिपी हाउस ऑफ रिप्रेजेंटेटिव्स के सदस्य रहलें।
उनकर पहिलका उपन्यास अ टाइम टु किल (A Time to Kill) जून 1989 में छपल, जवन लिखे के चार साल बाद प्रकाशित भइल। बाद में एह उपन्यास पर 1996 में फिलिमो बनल। उनकर पहिलका बेस्टसेलर दि फर्म (The Firm) के सात मिलियन (सत्तर लाख) से बेसी कॉपी बिकल आ 1993 में एह पर फिल्म बनल, जवना में टॉम क्रूज़ मुख्य भूमिका में रहलें। बाद में 2012 में एह कहानी पर टीवी सीरीज़ भी बनल, जवन फिल्म आ उपन्यास के घटना से दस साल बाद के कहानी देखावेला।
ग्रिशम के अउरियो कई ठे उपन्यासन पर फिलिम बन चुकल बा, जइसे— दि चैंबर, दि क्लायंट, अ पेंटेड हाउस, दि पेलिकन ब्रीफ़, द रेनमेकर, द रनवे ज्यूरी, आ स्किपिंग क्रिसमस।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "John Grisham: Master of the Legal Thriller (Interview)". American Academy of Achievement. June 2, 1995. Retrieved June 22, 2022.
- ↑ "Monitor". Entertainment Weekly. No. 1245. February 8, 2013. p. 22.
| ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |