Jump to content

जेन ज़ी

विकिपीडिया से
सोशल जेनरेशन के देखलावत चित्र

जेन ज़ी (अंग्रेजी: Gen Z) भा पूरा नाँव जेनरेशन ज़ी (Generation Z),[नोट 1] जेकरा के छोट में आ अनौपचारिक रूप से ज़ूमर्स (Zoomers) भी कहल जाला, एगो जनसंख्या समूह (डेमोग्राफिक कोहार्ट) हवे, जवन अमेरिका में 1990 के दशक के आखिर आ 2000 के शुरुआती सालन में जनम लेवे वाला लोग खातिर इस्तेमाल कइल जाला।[3] एकरा पहिले के पीढ़ी के मिलेनियल्स भा जेनरेशन वाई कहल जाला आ एकरे बाद आगे आवे वाली पीढ़ी जेनरेशन अल्फा कहाला। जेन ज़ी के अधिकतर लोग जेनेरेशन एक्स के संतान हवे, आ ई अनुमान लगावल जाला कि आगे चल के एही पीढ़ी के कई लोग जेनेरेशन बीटा के माता-पिता बनिहें।

2000 के दशक के बीच आ आखिर में, आ 2010 के दशक में लरिकाईं के दौरान, जेन ज़ी पहिला अइसन सामाजिक पीढ़ी बाटे, जवन वेब2.0 आ डिजिटल टेक्नोलॉजी के साथे शुरू से पलल-बढ़ल। छोटे उमिर से ई लोग ऑनलाइन वीडियो आ वेब सीरीज़ (अक्सर यूट्यूब पर) देखत रहल बाटे, आ ऑनलाइन गेम खेलत रहल बाटे। 2010 आ 2020 के दशक में जब ई लोग किशोर (adolescents) आ जवान भइल, त एह पीढ़ी के “डिजिटल नेटिव्स़” कहल गइल। हालाँकि, एकर हरदमेसा ई मतलब ना बाटे कि ई जेन जी लोग डिजिटल रूप से पूरा तरह निपुण (डिजिटली लिटरेट) बा, आ कई बेर डिजिटल भा वर्चुअल काम के माहौल में एह लोगन के दिक्कत भी हो सकेला।

  1. ↑ अमेरिकी अंग्रेजी में अक्षर Z (ज़ेड) के उच्चारण 'ज़ी' /ˈziː/ होखे[1] के चलते। बीबीसी हिंदी पर एगो लेख में[2] एकर देवनागरी हिज्जे देखल जा सकत बाटे।
  1. ↑ "Z definition and meaning". Collins English Dictionary. 19 March 2026. Retrieved 25 March 2026.
  2. ↑ "नेपाल में 'जेन ज़ी' अपने देश को अब कौन सी राह पर ले जाएंगे?- दुनिया जहान". BBC News हिंदी (Hindi में). 27 October 2025. Retrieved 25 March 2026.
  3. ↑ ब्रिटैनिका एन्साइक्लोपीडिया के हिसाब से कुछ स्रोत 1997 से 2012 के बीच के समय के बतावेलन, बाकिर ई साल कब शुरू आ कब खत्म होखे, एह पर कई बेर बहस भी होखेला, काहेकि पीढ़ी आ उनकर समय–भावना (zeitgeist) के साफ-साफ सीमा तय कइल मुश्किल होला।<ref name="h518">Eldridge, Alison (21 March 2026). "Years, Age Range, Meaning, & Characteristics". Encyclopedia Britannica. Retrieved 25 March 2026.