जार्ज ग्रियर्सन

विकिपीडिया से
(जी॰ ए॰ ग्रियर्सन से अनुप्रेषित)
सर जॉर्ज अब्राहम ग्रियर्सन
1920 में ग्रियर्सन; नेशनल पोर्ट्रेट गैलरी से लिहल फोटो
मूलभाषा में नाँवSir George Abraham Grierson
जनम(1851-01-07)7 जनवरी 1851
डब्लिन, आयरलैंड
निधन9 मार्च 1941(1941-03-09) (उमिर 90)
पेशाभाषाबिज्ञानी
परसिद्धि के कारनलिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया

सर जॉर्ज अब्राहम ग्रियर्सन (अंग्रेजी: George Abraham Grierson; 7 जनवरी 1851 – 9 मार्च 1941) एक ठो आयरिश प्रशासनिक अधिकारी आ भाषाबिज्ञानी रहलें। भारत में इंडियन सिविल सर्विस (आइसीएस) के अफसर रूप में आपन का सुरू करे वाला ग्रियर्सन अपनी रूचि के कारण भारत के भाषा सभ के अध्ययन कइलेन आ कई ठे लेख आ पुस्तक छपववलें जब ऊ बंगाल-बिहार में सेवा में रहलें। एकरे बाद उनुके प्रस्ताव पर भारत के भाषाई सर्वे के खातिर तत्कालीन ब्रिटिश सरकार 1858 में भारतीय भाषा सर्वेक्षण (लिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया) के स्थापना कइलस आ ग्रियर्सन एकर पहिला सुपरिंटेंडेंट बनलें। ग्रियर्सन के सभसे महत्वपूर्ण काम लिंग्विस्टिक सर्वे ऑफ इंडिया हवे जे 19 खंड में छपल बाटे।