जिग्नेश मेवाणी

विकिपीडिया से
(जिग्नेश मेवानी से अनुप्रेषित)
जिग्नेश मेवाणी
कैमरा के ओर देखत एगो युवा
गुजरात लिटरेचर फेस्टिवल, अहमदाबाद, 16 दिसंबर 2016
गुजरात बिधानसभ के बिधायक
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
2017
सीटवडगाम
निजी जानकारी
जनम (1982-12-11) 11 दिसंबर 1982 (उमिर 41)
अहमदाबाद, गुजरात, भारत
राष्ट्रीयताभारतीय
राजनीतिक पार्टीनिर्दल
पढ़ाई
  • बीए
  • एलएलबी
महतारी संस्थागुजरात विश्वविद्यालय
अकुपेशनवकील, सामाजिक कार्यकर्ता, राजनीतिक नेता
दस्खत

जिग्नेश मेवाणी (जनम 11 दिसंबर 1982) गुजरात के एगो राजनीतिक नेता आ बिधायक बाड़ें। मेवाणी के पहिचान एगो दलित नेता[1] के रूप में बा आ ऊ साल 2016 में गुजरात के दलित लोग के आंदोलन के अगुआई कइलेन,[2] जबकि एकरे पहिले ऊ सामाजिक कार्यकर्ता आ वकील के रूप में काम क चुकल बाने। साल 2017 में भइल गुजरात के बिधान सभा चुनाव में मेवाणी, वडगाम सीट से जीत दर्ज कइलें आ वर्तमान में गुजरात के चउदहवीं बिधान सभा के बिधायक बाने। मेवाणी ई चुनाव निर्दल प्रत्याशी के रूप में लड़लें आ भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेसआम आदमी पार्टी के सपोर्ट रहे। मेवाणी एकरे पहिले आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता भी रह चुकल बाने।

सुरुआती जिनगी[संपादन करीं]

जिग्नेश मेवाणी के जनम 11 दिसंबर 1982 के, गुजरात के अहमदाबाद में भइल। इनके परिवार मूलतः मेऊ नामके गाँव से हऽ जे महेसाणा जिला में पड़े ला। इनके सुरुआती पढ़ाई-लिखाई स्वास्तिक बिद्यालय आ विश्व विद्यालय माध्यमिक शाला, अहमदाबाद से भइल। साल 2003 में अहमदेबाद के एच. के. आर्ट कालेज से मेवाणी अंग्रेजी साहित्य बिसय में बीए पास कइलें। साल 2004 में, जर्नलिज्म आ मास कम्युनिकेशन में डिप्लोमा लिहलें। साल 2004 से 2007 ले, मेवाणी एगो गुजराती पत्रिका "अभियान" खाती रिपोर्टिंग कइलें। 2013 में, अहमदेबाद के डी.टी. लॉ कालेज से एलएलबी के डिग्री हासिल कइलें।[3]

कैरियर[संपादन करीं]

एक्टिविस्ट के रूप में[संपादन करीं]

गुजरात के सौराष्ट्र इलाका के ऊना में, कथित रूप से गौरक्षक लोग द्वारा, दलित लोगन पर हमला के बा इहाँ दलित लोग में रोष के माहौल पनपल आ गुजरात में दलित लोग प्रदर्शन कइल। एह बिरोध प्रदर्शन के अगुवाई करे में जिग्नेश मेवाणी आगे रहलें आ अहमदाबाद से ऊना ले एगो प्रदर्शन मार्च के अगुवाई भी कइलें। एकरा के दलित अस्मिता यात्रा नाँव दिहल गइल आ एह प्रदर्शन यात्रा के समापन 15 अगस्त 2016 के भइल जेह में लगभग बीस हजार दलित लोग हिस्सा लिहलें।[4][5][6]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. संजीव माथुर बीबीसी हिंदी डॉटकॉम के लिए. "गुजरात में दलितों के उभरते नेता मेवाणी - BBC News हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2018-01-08.
  2. अंकुर जैन अहमदाबाद से, बीबीसी हिंदी डॉट कॉम के लिए. "दलित नेता जिग्नेश मेवाणी में ख़ास क्या है? - BBC News हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2018-01-08.
  3. Vankar, Devendra (अक्टूबर 2016). Parmar, Anita (ed.). "Introduction article on Jignesh Mevani". Sanvedana Samaj. Ahmedabad: Kishor Makwana.
  4. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named India Today 2016
  5. Pathak, Maulik (2016-10-07). "We plan to take our fight to other parts of India: Jignesh Mevani". LiveMint. Retrieved 2016-12-20.
  6. "The Leader Of The Fledgling Dalit Uprising In Gujarat Is Determined To Not Let It Die". Huffington Post India. 2016-08-04. Retrieved 2016-12-20.