Jump to content

जाफर जैक्सन

विकिपीडिया से
जाफर जैक्सन
2020 में जैक्सन
जनम
Jaafar Jeremiah Jackson

(1996-07-25) जुलाई 25, 1996 (उमिर 29)
Occupations
  • एक्टर
  • सिंगर
Years active2019–अबतक ले
PartnersMaddie Simpson (2016–present; engaged)
Fatherजेर्मी जैक्सन

जाफर जेरमिया जैक्सन (Jaafar Jeremiah Jackson; जनम: 25 जुलाई 1996) एगो अमेरिकी एक्टर आ सिंगर बाड़ें। ऊ प्रसिद्ध 'किंग ऑफ़ पॉप के नाँव से जानल जाये वाला परसिद्ध अमेरिकी सिंगर आ परफार्मर माइकल जैक्सन के बड़ भाई जेर्मी जैक्सन के बेटा हवें[1] आ एह तरीका से जैक्सन परिवार के सदस्य हवें।

2019 में ऊ आपन पहिला गाना गॉट मी सिंगिंग रिलीज कइलें। इनके खास पहिचान तब मिलल जब ऊ अपना चाचा माइकल जैक्सन के जिनगी प बनल फिलिम में उनके रोल कइलेन, ई जाफर के पहिला फिल्म रहल जे माइकल (2026) नाँव से बनल।[1]

सुरुआती जिनगी

[संपादन करीं]

जाफर जैक्सन के जनम 25 जुलाई 1996 के लॉस एंजिल्स, कैलिफोर्निया में भइल।[2][3] ऊ जेर्मी जैक्सन (जैक्सन परिवार) के बेटा हवें, आ उनकर माई अलेजांद्रा जेनेवीव ओजियाज़ा बाड़ी, जिनकर जनम बोगोटा, कोलंबिया में भइल रहे। अपना माई-बाप दूनो ओर से मिलाके, उनका कुल 11 भाई-बहिन बाड़ें—जेमे 9 भाई आ 2 बहिन शामिल बाड़ी।[4][5][6]

2015 में जाफर जैक्सन अपना परिवार के रियलिटी शो लिविंग विद दि जैक्सन्स के मुख्य कलाकारन में शामिल रहलें।[7] ऊ सैम कुक आ मार्विन गे के गाना भी गा चुकल बाड़ें, आ 2019 में ऊ आपन पहिला सिंगल गॉट मी सिंगिंग रिलीज कइलें। ई गाना एगो पूरा एल्बम फेमस के हिस्सा रहल, हालाँकि, एल्बमवा अभिन तक ले रिलीज ना भइल। एह एल्बम के 2019–2020 के आसपास रिलीज होखे के योजना रहे, लेकिन रिकॉर्ड लेबल वाला लोग उनका आवाज के "बहुत बेसी हद तक" उनकर चाचा माइकल जैक्सन जइसन बतावत रिजेक्ट क दिहल। एकरा संगहीं NASGO के साथ उनकर पार्टनरशिप खतम भ गइल आ ऊ एक्टिंग पर अधिका धियान देवे लगलें।

ऊ जैक्सन परिवार से जुड़ल कई प्रोजेक्ट में भी लउकलें, जइसे दि जैक्सन्स: नेक्स्ट जेनेरेशन में आ टीटो जैक्सन के 2021 के गाना लव वन अनदर के म्यूजिक वीडियो में देखलाई परलें।[8] एम्पायर मैगजीन के अनुसार, ऊ सोशल मीडिया पर एगो टैलेंटेड गायक आ डांसर के रूप में पहचान बनवले बाड़ें।[9]

दू साल के कास्टिंग के प्रॉसेस के बाद, दिसंबर 2023 में पुष्टि भइल कि जाफर के माइकल फिलिम में अपना चाचा माइकल जैक्सन के मुख्य भूमिका खातिर सेलेक्ट कइल गइल बाटे।[10] एह फिलिम के डाइरेक्शन एंतोइन फूक्वा कइले बाड़न। अमेरिका में एकर डिस्ट्रीब्यूशन लायंसगेट आ अंतरराष्ट्रीय स्तर पर यूनिवर्सल पिक्चर्स द्वारा कइल गइल बाटे।[11] माइकल जैक्सन के माई आ जाफर के दादी कैथरीन जैक्सन एह सेलेक्सन पर खुसी जाहिर कइल लोग आ कहलस कि जाफर उनकर बेटा के "असल रूप' के दर्शावेलें।[12][13] जाफर अपना इंस्टाग्राम पर लिखलें कि एह भूमिका खातिर चुनल जाए पर ऊ "विनम्र आ सम्मानित" महसूस करत बाड़ें।[14] फिलिम के मुख्य शूटिंग 27 नवंबर 2023 से लॉस एंजिल्स, कैलिफोर्निया में शुरू भइल।[15] कुछ समय बाद सेट से उनकर वीडियोफुटेज आ तस्वीर ऑनलाइन सोझा आइल।[16] फिलिम माइकल अप्रैल 2026 में रिलीज भइल। फिलिम के शुरुआती कमाई 217 मिलियन डॉलर रहल, जवन कवनो जीवनी आधारित फिल्म (बायोपिक) के इतिहास में सबसे बड़ सुरुआती कमाई मानल जात बाटे।[17] हालाँकि फिल्म पर दर्शक आ समीक्षक लोग के राय बँटल रहल आ एकरा के मिश्रित समीक्षा मिलल, लेकिन जाफर के अभिनय के खूब तारीफ भइल।[18]

2026 में गैरी, इंडियाना में आयोजित माइकल जैक्सन समारोह के दौरान जाफर के सम्मानित कइल गइल, आ शहर के मेयर एडी मेल्टन द्वारा 13 अप्रैल 2026 के उनकरा के "शहर के चाबी" (Key to the City) से नवाजल गइल। ई सम्मान फिल्म के इस्पेशल होम-टाउन स्क्रीनिंग के बाद दिहल गइल। जाफर मौजूद भीड़ के संबोधित करत कहलें कि ऊ "एह जगह पर रहके आभारी" महसूस करत बाड़ें।[19]

  1. 1 2 "MSN". MSN (Hindi में). 6 May 2026. Retrieved 6 May 2026.
  2. "All About Jaafar Jackson's Parents, Jermaine Jackson and Alejandra Genevieve Oaziaza". People.com. Archived from the original on April 7, 2025. Retrieved July 25, 2025.
  3. Alexander, Martha (31 January 2023). "Jaafar Jackson: who is Michael Jackson's nephew set to play singer in biopic?". Evening Standard. Archived from the original on 22 February 2025. Retrieved 1 December 2023.
  4. Teller, Miles (April 6, 2026). "Jaafar Jackson Tells Miles Teller How He Unlocked the King of Pop". Interview Magazine (अंग्रेजी में). Retrieved April 15, 2026.
  5. Fleming, Mike Jr. (30 January 2023). "Michael Jackson Nephew Jaafar Jackson To Play King Of Pop In Antoine Fuqua-Directed Biopic". Deadline Hollywood. Archived from the original on 6 October 2025. Retrieved 15 November 2023.
  6. Thompson, Avery (January 30, 2023). "Jaafar Jackson: 5 Things To Know About Michael Jackson's Nephew, 26, Playing Him In Biopic". Hollywood Life. Retrieved 1 December 2023.
  7. Walsten, Jessika (2014-07-12). "Bursting the Bubble: The Jackson Family Adjusts to Life After Hayvenhurst #TCA14". Broadcasting+Cable (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-01-21.
  8. Earnes, Tom (31 January 2023). "Who is Jaafar Jackson? Michael Jackson's nephew set to play King of Pop in biopic revealed". Smooth Radio. Retrieved 15 November 2023.
  9. "Michael Jackson's Nephew Jaafar To Play The Singer In New Biopic". Empire. 30 January 2023. Archived from the original on 15 January 2025. Retrieved 1 December 2023.
  10. Parkel, Inga (30 January 2023). "Michael Jackson biopic cast singer's nephew Jaafar Jackson in lead role". Independent. Archived from the original on 5 March 2025. Retrieved 1 December 2023.
  11. Rubin, Rebecca (January 30, 2023). "Michael Jackson's Nephew Jaafar to Star in Biopic 'Michael'". Variety. Archived from the original on 30 January 2023. Retrieved 15 November 2023.
  12. Legaspi, Althea (January 30, 2023). "Michael Jackson's Nephew Jaafar to Star as Late Singer in Biopic". Rolling Stone. Retrieved 1 December 2023.
  13. McIntosh, Steven (1 February 2023). "Michael Jackson's nephew Jaafar Jackson to play him in biopic". BBC News. Retrieved 1 December 2023.
  14. Southern, Kieran (31 January 2023). "Michael Jackson biopic will star his nephew Jaafar in title role". दि टाइम्स. Retrieved 1 December 2023.
  15. "Jaafar Jackson looks exactly like Michael Jackson while shooting for biopic".
  16. Todisco, Eric (November 29, 2023). "Michael Jackson's Nephew Jaafar, 27, Looks Just Like His Late Uncle While Filming Biopic: Watch". Hollywood Life. Archived from the original on 29 July 2024. Retrieved 1 December 2023.
  17. McIntosh, Steven (April 27, 2026). "Michael Jackson biopic smashes box office record". BBC News. Retrieved April 27, 2026.
  18. Gleiberman, Owen (April 21, 2026). "'Michael' Review: The Thrill Is Not Gone, as a Surprisingly Effective Middle-of-the-Road Biopic Conducts Michael Jackson's Electricity". Variety. Penske Media Corporation. Archived from the original on April 21, 2026. Retrieved April 21, 2026.
  19. "The Legacy Of Michael Jackson Pondered Anew As ‘Michael’ Hits Theaters" Jim Ryan, Contributor, April 25, 2026.