जाति जनगणना
| जाति जनगणना Caste census | |
|---|---|
| General information | |
| Country | |
| Topics | Census topics
|
| Authority | गृह मंत्रालय |
| Results | |
| प्रस्ताव आ एनाउंसमेंट | 30 अप्रैल 2025 |
| जेकर हिसा हवे | आगामी भारतीय जनगणना (2021 लंबित) |
जाति जनगणना (अंग्रेजी: caste census) चाहे जातिगत भा जाति आधारित जनगणना भारत सरकार द्वारा करावल जाए वाली अइसन जनगणना हवे, जवना में लोग के जाति संबंधी जानकारी भी दर्ज कइल जाई।[1] 30 अप्रैल 2025 के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी के नेतृत्व में मंत्रिमंडल के राजनीतिक मामला समिति (CCPA) ई फैसला कइलस कि अगिला राष्ट्रीय जनगणना में जाति के गणना भी शामिल कइल जाई। हालाँकि, एह जनगणना के सटीक तारीख के अबले घोषणा नइखे भइल। एह कारण ई भी स्पष्ट नइखे कि अगिली जनगणना कब आयोजित कइल जाई। बस अनुमान भर बाटे कि 2027 के फरवरी ले जनगणना हो सके ले।
केंद्रीय मंत्रिमंडल के एह फैसला के घोषणा अश्विनी वैष्णव कइलें। ई फैसला के अइसन कदम मानल जा रहल बा, जवना से भारत सरकार के बेसी न्यायसंगत आ टार्गेटेड पॉलिसी बनावे में मदद मिली। अमित शाह एह फैसला के "ऐतिहासिक फैसला" बतवले। उनकर कहनाम रहल कि ई फैसला सामाजिक "न्याय खातिर सरकार के कमिटमेंट" के चीन्हा हवे।[2][3]
जुलाई 2026 में आइल एगो खबर के मोताबिक 2027 के जनगणना में एगो खुला सवाल (ओपन-एंडेड सवाल) होखी जेकरा जबाब में लोग आपन जाति दर्ज करा सकी। कुछ लोग एकर आलोचनों क रहल बाटे कि एकरा चलते अइसन डेटा आई जे कवनों इस्तेमाल के ना रही।[4]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Government approves caste census: What is it and why it matters - Explained". The Times of India. 2025-04-30. ISSN 0971-8257. Retrieved 2025-04-30.
- ↑ "Caste census to be part of next population survey: Centre's big move". Hindustan Times.
- ↑ "Govt announces caste count in next census, Shah says 'historic decision'". The Indian Express (अंग्रेजी में). 2025-04-30. Retrieved 2025-04-30.
- ↑ "Checkbox caste: On the counting of caste, Census 2027". दि हिंदू (अंग्रेजी में). 9 जुलाई 2026. Retrieved 13 जुलाई 2026.
| ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |