छोटा इमामबाड़ा
निर्देशांक: 26°52′26″N 80°54′16″E / 26.873784°N 80.904409°E

छोटा इमामबाड़ा, जेकरा इमामबाड़ा हुसैनाबाद मुबारक के नाँव से भी जानल जाला, भारत के उत्तर प्रदेश के लखनऊ शहर में एगो स्मारक बाटे। एकरा निर्माण में 54 साल लागल रहल। इ 1838 में अवध के नवाब मुहम्मद अली शाह द्वारा इमामबाड़ा (शिया मुसलमानन खातिर एगो सभागार) के रूप में बनावल गइल रहे, [1] ई खुद उनुका अपना के आ उनकर माई खातिर मकबरा के रूप में बनवावल गइल, जे उनका साथहीं एह में दफनावल गइल बाड़ी। [2]
एह बिल्डिंग के बनावे में पंजेतन, माने की पबित्र पाँच के महत्व दे के एह में पाँच गो मुख्य दरवाज़ा बनावल गइल बाड़ें। एह इमामबाड़ा में दू गो हॉल आ एगो शेहनाशीन (अइसन मंच जहां इमाम हुसैन के ज़रीह रखाला) बाटे। ई ज़रीह, ईराक के कर्बला में इमाम हुसैन के कब्र पर बनल वाला ग्रिल भा संरचना के टू-कापी (रेप्लिका) हवे। अज़खाना के साज-सज्जा भरपूर हवे आ एह में शीशा के लैंप-स्टैंड आ झूमर सभ के भरपूर इस्तेमाल कइल गइल हवे। वास्तव में, एही सजावट के चलते यूरोपीय आगंतुक आउर लेखक लोग एकरा के पैलेस ऑफ़ लाइट (अँजोर के महल) के नाँव से बोलावे। बाहरी हिस्सा के इस्लामी कैलिग्राफी में लिखल कुरआन के आयत सभ से खूब सुघर तरीका से सजावल गइल बाटे।
अनुचित तरीका से रिस्टोरेशन
[संपादन करीं]भवन के नवीनीकरण कइल गइल बाटे; हालांकि, रिस्टोर करे के तरीका आ प्रक्रिया के आलोचनो भइल बाटे। 2016 में द इकोनॉमिस्ट लिखलस कि "[ई इमारत] के हाले में आधुनिक सीमेंट से "रिपेयर" कइल गइल, एह काम में एकर पुरनका सूक्ष्म आ जटिल प्लास्टरवर्क के बर्बाद कर दिहल गइल।[3]
-
Details of the Arabic calligraphy
-
The crown of Muhammad Ali Shah, 3rd King of Awadh (1837–1843)
-
One of the twin tombs within the complex
-
Chandeliers
-
Tazia in the main hall
-
Chandeliers
-
Floor chandeliers
-
A statue holding chain for earthing purpose at main gate
-
An anemometer in the form of fish at main gate
-
A pond in the courtyard
-
The name of The Twelve Imams in Arabic language
-
The word "Allah" written in the form of Pigeon, an example of Islamic calligraphy
-
The Mimber used for Majlis (Mourning Congregation) during Muharram.
-
A Tazia made with elephant ivory
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Tornos India – About Us – Nawabs of Avadh Archived 10 अक्टूबर 2008 at the Wayback Machine
- ↑ Sarina Singh (2010). Lonely Planet India. Lonely Planet. p. 430. ISBN 978-1-74220-347-8.
- ↑ "Preservation in India: Brick by brick". The Economist. Retrieved 2016-11-28.
| ई लेख कौनो भवन भा बिल्डिंग के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |