Jump to content

छोटका चार धाम

विकिपीडिया से

छोटका चार धाम भा छोटा चार धाम (मतलब: ‘छोट चार गो धाम’ या ‘चार गो छोट तीर्थ स्थल के परिक्रमा’) भारत के उत्तराखंड राज्य में, हिमालय के बीच बसल एगो महत्त्वपूर्ण आ आधुनिक हिंदूतीर्थ यात्रा सर्किट ह। ई चार गो जगहन के यात्रा हवे — गंगोत्री, यमुनोत्री, केदारनाथ, आ बद्रीनाथ। ई सभे जगह उत्तराखंड के गढ़वाल छेत्र में पड़ेलें।

बद्रीनाथ ओह चार गो धाम में से एक ह, जे बड़का चार धाम यात्रा में गिनल जाला। बड़का चार धाम भारत के चार कोना में स्थित बा। माने छोटा चार धाम के नाम ओही से आइल हवे। अक्षय तृतीया (जे ग्रेगोरियन कैलेंडर में अप्रैल या मई में आवेला) के दिन छोटा चार धाम यात्रा के शुरुआत होला। ई यात्रा भाई दूज (दीवाली के दू दिन बाद) के दिन बंद हो जाला।

मई आ जून में भारी संख्या में लोग इहाँ यात्रा पर आवेला। लेकिन जुलाई आ अगस्त में बरसात के कारण कई बेर रास्ता बंद हो जाला या भूस्खलन हो सकेला। 2013 में उत्तराखंड में आयल बाढ़ के चलते ई यात्रा रोकल गइल रहे। फेरू मई 2014 से ई यात्रा फिर से शुरू भइल।

अब यात्रा पर आवे वाला श्रद्धालुअन के संख्या बढ़ गइल बा, काहेंकि उत्तराखंड सरकार कई गो परमोशन के कदम उठवले बा। 2022 में, खाली दू महीना (10 जून से 10 अगस्त) में 28 लाख लोग ई चारो धाम में दर्शन करे आइल रहलें। एही साल (2022) में कुल मिला के 41 लाख लोग छोटा चार धाम यात्रा पर गइल रहलें। ओही साल, 14 लाख से जादे लोग केदारनाथ, 6 लाख लोग गंगोत्री, आ 5 लाख से ऊपर यमुनोत्री पहुँच चुकल रहलें। 15 लाख से अधिक लोग बद्रीनाथ में दर्शन कइले रहलें।