चिनूक

विकिपीडिया से
(चिनूक हवा से अनुप्रेषित)
परबती ढाल से नीचे उतरे आ एडियाबेटिक प्रासेस से गरम होखे वाली; फॉन (föhn) प्रकार के ई हवा जेकरा शिनूक बोलावल जाला; उत्तर अमेरिका के इंटीरियर में बहे ले।

चिनूक भा शिनूक (अंग्रेजी: Chinook) उत्तर अमेरिका में बहे वाली दू गो लोकल हवा हईं। पहिली किसिम के समुंद्रतटीय चिनूक कहल जाला जे प्रशांत महासागर के सहारे अमेरिका महादीप के उत्तरपच्छिम तट पर सीजनल हवा ह[1] आ ई दक्खिनी-पछुवा नम हवा हवे जेकरा चलते उत्तर अमेरिका के पच्छिमी किनारा पर बरखा आ बर्फ़बारी होखे ला। मूल रूप से चिनूक नाँव एही हवा के रहल।[2] दुसरे किसिम के चिनूक, इंटीरियर शिनूक, अमेरिकाकनाडा के पच्छिमी इंटीरियर इलाका में बहे लीं जे रॉकी परबत से उतरे वाली गरम, सूखल हवा होखे लीं।

पहिली किसिम के तटीय चिनूक मूल हवा हईं जिनहन के ई नाँव परल; ई सीजन के अनुसार लगातार बहे लीं।[3] दुसरे किसिम वाली इंटीरियर चिनूक सभ के चिनूक नाँव बाद में दिहल गइल आ ई कब्बो-काल्ह बहे लीं।; ई फॉन-प्रकार के हवा होखे लीं। ई रॉकी परबत के पूरबी ढाल से उतरे लीं आ इनहन के बहे पर तेजी से बरफ के बास्पीकरण आ पघिलाव हो जाला जेकरा चलते इनहन के "स्नो ईटर" (बरफ खाए वाली) हवा भी कहल जाला।[4] इंटीरियर में बहे वाली हवा सभ के नाँव के उच्चारण शिनूक (/ʃɪˈnʊk/) हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Tolmie, W.F. (1884). "Example of tshinook original pronunciation". Comparative vocabularies of the Indian tribes etc.
  2. Costello, J.A. (1909). "The Indian and the South Wind". Siwash — Indian History of the Northwest. pp. 156–158. Archived from the original on 2007-10-28: "p. 156". Archived from the original on 2008-05-30, "p. 157". Archived from the original on 2008-05-30, "p. 158". Archived from the original on 2008-05-30.
  3. "Chinook wind". Encyclopædia Britannica. 2006.
  4. "Snow Eater (The)". Telefilm Canada. 2013-10-17. Archived from the original on 2013-10-17. Retrieved 2019-05-14.