Jump to content

ग्लोबल पोजिशनिंग सिस्टम

विकिपीडिया से

ग्लोबल पोजिशनिंग सिस्टम भा संछेप में जीपीएस (GPS) एगो सैटलाइट-आधारित हाइपरबोलिक नेविगेशन सिस्टम हवे, जेकर मालिकाना हक अमेरिकी स्पेस फ़ोर्स (United States Space Force) के लगे बा आ एकर संचालन मिशन डेल्टा 31 द्वारा कइल जाला।[1][2]ग्लोबल नेविगेशन सैटेलाइट सिस्टम (GNSS) सभ में से एगो हवे, जे पृथ्वी पर भा पृथ्वी के आसपास मौजूद जीपीएस रिसीवरन के जियोलोकेशन आ समय से जुड़ल जानकारी उपलब्ध करावेला, बशर्ते सिग्नल के क्वालिटी बढ़ियाँ होखे।[3]

जीपीएस के इस्तेमाल करे खातिर यूजर के कवनो डेटा भेजे के जरूरत ना पड़े ला, आ ई टेलीफोन नेटवर्क भा इंटरनेट कनेक्शन से स्वतंत्र रूप से काम करेला। हालाँकि, एह तरह के तकनीक, अगर साथे जुड़ जाँय, जीपीएस से मिलल जानकारी के उपयोगिता बढ़ा सकेली।[4] जीपीएस दुनिया भर के मलेटरी , सिविल आ कॉमर्शियल यूजर लोग के महत्त्वपूर्ण पोजीशनिंग सुविधा उपलब्ध करावेला। हालाँकि जीपीएस के डेवेलपमेंट, कंट्रोल आ रखरखाव (मेंटेनेंस) अमेरिका सरकार द्वारा कइल जाला, बाकी जीपीएस रिसीवर रखे वाला केहुओ व्यक्ति एकर इस्तेमाल मुफ्त में क सके ला।[5]

  1. United States Department of Defense (September 2008). "Global Positioning System Standard Positioning Service Performance Standard" (PDF) (4th ed.). Archived (PDF) from the original on April 27, 2017. Retrieved April 21, 2017.
  2. "GPS – NASA" (अंग्रेजी में). September 25, 2023. Retrieved 2025-01-05.
  3. Science Reference Section (November 19, 2019). "What is a GPS? How does it work?". Everyday Mysteries. Library of Congress. Archived from the original on April 12, 2022. Retrieved April 12, 2022.
  4. Raza, Khalid (October 16, 2020). Computational Intelligence Methods in COVID-19: Surveillance, Prevention, Prediction and Diagnosis (अंग्रेजी में). Springer Nature. p. 114. ISBN 978-981-15-8534-0.
  5. National Coordination Office for Space-Based Positioning, Navigation, and Timing (February 22, 2021). "What is GPS?". Archived from the original on May 6, 2021. Retrieved May 5, 2021.