ग्रीनहाउस गैस एमिशन

मनुष्य के गतिविधियन से निकले वाला ग्रीनहाउस गैस एमिशन (अंग्रेजी: Greenhouse gas emissions) चाहे शार्ट में जीएचजी एमिशन (GHG emissions) ग्रीनहाउस प्रभाव के तेज क देला, जवन जलवायु बदलाव के बढ़ावे में योगदान देला। कोयला, तेल आ प्राकृतिक गैस जइसन फॉसिल फ्यूल सभ के जरावे से निकलल कार्बनडाई ऑक्साइड (CO2) मनुष्य द्वारा पैदा कइल जलवायु परिवर्तन के मुख्य कारण हवे।
वर्तमान के इस्थिति देखल जाव त हर साल सबसे बेसी उत्सर्जन चीन से होखेला, ओकरा बाद अमेरिका से, जहाँ प्रति व्यक्ति (पर कैपिटा) एमिशन बेसी बा। दुनिया भर में उत्सर्जन के बढ़ावे में सबसे बड़ा भूमिका बड़ी तेल आ गैस कंपनी निभावेली। मानव गतिविधियन के चलते वातावरण में कार्बन डाइऑक्साइड के मात्रा औद्योगिक युग से पहिले के स्तर से लगभग 50% बढ़ गइल बा। एमिशन के स्तर समय के साथ बदलत रहल बा, बाकिर लगभग हर किसिम के ग्रीनहाउस गैसन में लगातार बढ़तीये देखल गइल बा। 2025 में 60 बिलियन टन से जादे गैस उत्सर्जित भइल, जे अब तक के सबसे जादे रहल।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ ● Emissions data source: "Territorial (MtCO2) / 1) Emissions / Carbon emissions / Chart View". Global Carbon Atlas. 2024. (archive on Our World in Data)
● Country population data source: "Population, total / All Countries and Economies / Most Recent Value (Thousands)". World Bank. 2024. Archived from the original on 22 January 2025.
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |