गूगल वर्कस्पेस
| डेवलपर | गूगल |
|---|---|
| शुरुआती रिलीज | अगस्त 28, 2006 (Google Apps for Your Domain के नाँव से।) |
| प्लेटफॉर्म | जीमेल, कलेंडर, हैंगआउट, ड्राइव, डॉक्स, शीट्स एंड स्लाइड्स, साइट्स, जैमबोर्ड आ वाल्ट |
| किसिम | ब्रांड आ सॉफ्टवेयर सूट |
| लाइसेंस | ट्रायलवेयर |
| वेबसाइट | gsuite |
गूगल वर्कस्पेस (पहिले G Suite, आ ओकरा पहिले Google Apps) क्लाउड कंप्यूटिंग, काम करे के टूल (औजार), सॉफ्टवेयर आ प्रोडक्ट के एगो समूह ह। एकरा के गूगल बनवले आ बेचेला। एह में जीमेल, गूगल कॉन्टैक्ट्स, गूगल कैलेंडर, गूगल मीट आ गूगल चैट नियन चीज सभ सामिल बा। गूगल ड्राइव डाटा रखे खातिर बा। गूगल डॉक्स एडिटर (जइसे Docs, Sheets, Slides) कंटेंट बनावे खातिर बा। यूजर आ सेवा के देखरेख खातिर एगो एडमिन पैनल दिहल जाला। संस्करण के हिसाब से गूगल वर्कस्पेस में जैमबोर्ड (डिजिटल व्हाइटबोर्ड) आ वॉइस (फोन सेवा) जइसन ऐड-ऑन के सुविधा भी हो सकेला।
एजुकेशन संस्करण में गूगल क्लासरूम नाम के लर्निंग प्लेटफॉर्म जुड़ल जेकर नाम अब बदला के वर्कस्पेस फॉर एजुकेशन हो गइल बा। एह में पहिले गूगल करेंट्स भी रहत रहे, जवन कर्मचारी लोग के जोड़ के रखे में मदद करत रहे।
ई सगरी सेवा में से बहुत कुछ आम लोग के फ्री गूगल (Gmail) खाता पर मुफ्ते में मिलेला। बाकिर गूगलवर्कस्पेस में कुछ खास सुविधा होला। जइसे डोमेन वाला ईमेल पता (जइसे @yourcompany.com), अनलिमिटेड ड्राइव स्टोरेज के विकल्प, एडमिन टूल आ एडवांस सेटिंग, आ 24x7 फोन आ ईमेल सहायता।
गूगल वर्कस्पेस के शुरुआत फरवरी 2006 में Gmail for Your Domain के नाम से भइल। ओही साल ई गूगल एप्स फॉर योअर डोमेन बन गइल। 2016 में एकर नाम जी सूट (G Suite) रखल गइल। फेर 2020 में ई Google Workspace बन गइल।
अक्टूबर 2021 तक गूगल वर्कस्पेस के 9 मिलियन बिजनेस ग्राहक रहलें। एजुकेशन वाला यूजर 170 मिलियन से अधिक हो गइल रहलें।
| ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |