गूगल प्ले स्टोर
Appearance
17 अगस्त 2022 से लोगो | |
| डेवलपर | गूगल |
|---|---|
| शुरुआती रिलीज | सितंबर 23, 2008 (एंड्रॉयड मार्केट के नाँव से) मार्च 6, 2012 (गूगल प्ले के नाँव से) |
| प्लेटफॉर्म | एंड्रॉयड, एंड्रॉइड टीवी, Wear OS, क्रोमओएस, वेब |
| किसिम | |
| वेबसाइट | play |
गूगल प्ले स्टोर, जेकरा के खाली भर गूगल प्ले भा प्ले स्टोर भी कहल जाला, आ जेकर पुरान नाम एंड्रॉयड मार्केट रहे, गूगल कंपनी द्वारा संचालित आ बिकसित कइल गइल एगो डिजिटल बितरण सेवा हवे।[1] ई एंड्रॉयड ऑपरेटिंग सिस्टम, एकर अन्य संस्करणन (डेरिवेटिव) आ क्रोमओएस पर चले वाला प्रमाणित डिवाइसन खातिर ऑफिशियल ऐप स्टोर हवे। एह माध्यम से उपयोगकर्ता एंड्रॉयड सॉफ्टवेयर डेवलपमेंट किट (एसडीके) के इस्तमाल से बनावल गइल ऐप सभ के सर्च क सकेलें आ डाउनलोड कर सकेलें। गूगल प्ले खाली ऐप डाउनलोड करे तक सीमित नइखे। ई एगो डिजिटल मीडिया स्टोर के रूप में भी काम करेला, जहाँ से यूजर लोग किताब, फिलिम, म्यूजिक, टेलीविजन कार्यक्रम आ वीडियो गेम जइसन डिजिटल सामग्री खरीद सकेलें।[2] एहमें कुछ सामग्री मुफ्त में भी उपलब्ध रहे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Google Policy: क्या प्ले स्टोर पर कोई भी अपलोड कर सकता है अपना एप? जानें गूगल के वो नियम, जो बड़े डेवलपर्स को भी कर देते हैं रिजेक्ट". Amar Ujala (Hindi में). Retrieved 10 July 2026.
- ↑ "Info about the Google Play Music phase-out". Google Help. Archived from the original on December 19, 2020. Retrieved November 13, 2020.