Jump to content

गूगल जेमिनाई

विकिपीडिया से
गूगल जेमिनाई
डेवलपरगूगल एआइ
गूगल डीपमाइंड
शुरुआती रिलीजदिसंबर 6, 2023; 2 साल पहिले (2023-12-06) (बीटा वर्शन)
फरवरी 8, 2024; 2 साल पहिले (2024-02-08) (ऑफिशियल रोलआउट)
स्टेबल रिलीज
3.1 Pro, 3 Deep Think, 3 Flash, 3.1 Flash lite[1][2] / मार्च 3, 2026; 6 महीना पहिले (2026-03-03)
एकरा पहिलेPaLM
एविलेबल बाटेअंग्रेजी आ अउरी कई भाषा
किसिमलार्ज लैंग्वेज मॉडल
लाइसेंसप्रोप्राइटरी
वेबसाइटgemini.google.com एकरा के विकिडेटा पर संपादित करीं

गूगल जेमिनाई,[3] गूगल जैमिनी भा गूगल जेमिनी (अंग्रेजी: Google Gemini) भा खाली भर जेमिनाई के नाँव से जानल जाए वाला, (जे पहिले बार्ड नाम से जानल जात रहे) एगो जनरेटिव आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस चैटबॉट आ वर्चुअल असिस्टेंट हवे, जेकर विकास गूगल द्वारा कइल गइल बा। ई एही नाँव वाला लार्ज लैंग्वेज मॉडल (LLM) परिवार पर आधारित बा। पहिले ई LaMDA आ PaLM 2 मॉडल पर आधारित रहल।

जेमिनाई के आर्किटेक्चर कई तरह के डेटा टाइप पर एक साथ ट्रेन कइल गइल बा। एह कारण ई टेक्स्ट, कंप्यूटर कोड, इमेज, ऑडियो आ वीडियो के एके साथ प्रोसेस आ जनरेट कर सकेला। गूगल एह टेक्नोलॉजी के अलग-अलग रूप में उपलब्ध करावेला — जइसे हल्का ऑन-डिवाइस मॉडल “नैनो”, तेज आ कम लागत वाला “फ्लैश”, आ कठिन रीजनिंग खातिर बनावल हाई-कंप्यूट मॉडल “प्रो” आ “अल्ट्रा”।

जेमिनाई 1.5 आ 3 जनरेशन में बड़हन साइज के “कॉन्टेक्स्ट विंडो” जोड़ल गइल, जवना से बहुत बड़ा डेटा — जइसे पूरा कोडबेस, लंबा वीडियो चाहे ढेर सारा डॉक्यूमेंट — के एके प्रॉम्प्ट में एनालिसिस कइल जा सकेला। जेमिनाई के पहिला बेर 6 दिसंबर 2023 के घोषणा कइल गइल रहे। बाद में एह नाम के इस्तेमाल के अलग-अलग एआई सेवा खातिर होखे लागल। फरवरी 2024 में बार्ड चैटबॉट के नाम बदल के जेमिनाई रखल गइल, आ ई गूगल क्लाउड आ वर्कस्पेस में इस्तेमाल होखे वाला "डुएट एआइ" ब्रांडिंग हटाके जेमिनी नाम अपनावल गइल। ई मॉडल जेमिनाई मोबाइल ऐप के माध्यम से एंड्रोइड डिवाइस सभ पर असिस्टेंट के रूप में काम करेला। थर्ड-पार्टी डेवलपर लोग खातिर ई Vertex AI प्लेटफॉर्म से इंटीग्रेट कइल गइल बा।

  1. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named "G3Flash".
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named "G3.1Pro".
  3. "Gemini | Pronunciation in English". dictionary.cambridge.org (अंग्रेजी में). 6 मई 2026.