गुलाबजल
Jump to navigation
Jump to search
गुलाबजल चाहे गुलाब जल गुलाब के पंखुरी सभ के सुगंध से बसल पानी होला। एकर इस्तेमाल इतर के रूप में, पकवान सभ में सुगंध के रूप में, बिबिध सिंगार के सामान बनावे में आ पूजा-पाठ आ धार्मिक कामकाज में होखे ला।
गुलाब के पंखुरी सभ के अर्क निकाल के एकरा के सिरप में मिक्स क के गुलाब के सिरप भी बने ला जबकि भारतीय उपमहादीप में एकरा के चीनी के साथे मिला के गुलाब सकरी आ गुलकंद बने ला।