Jump to content

गुर्रा नदी

विकिपीडिया से

गुर्रा नदी (चाहे गौरा नदी)[1] भारतीय राज्य उत्तर प्रदेश के गोरखपुर आ देवरिया जिला में बहे वाली एगो छोटहन लोकल नदी हवे। ई नदी मुख्य रूप से गोरखपुर शहर के रामगढ़ ताल के ओभरफ्लो के बहाव से सुरू होखे ले आ राप्ती नदी के पैरेलल बहे ले आ फिर देवरिया जिला में जा के एही राप्ती में मिल जले। एह में अउरी कई ठे छोटहन नद्दी आ नाला आ के मिले लें - तुरा नदी आ फरेंद नाला एह में मुख्य बाड़ें।

बरसात के दिनन में गुर्रा में पानी बढ़ जाला जेकरा चलते लोकल लोगन के आवाजाही में असुबिधो होखे ला।[2] हाल में एह नदी के ड्रेजिंग क के एकरा बहाव के सुधारे के कोसिस कइल गइल बाटे।[3][4]

  1. ↑ नेविल, एच. आर. (1909). Gorakhpur: a Gazetteer being volume XXXI of the District Gazetteers of the United Provinces of Agra and Oudh. इलाहाबाद: Allahabad, Superntendent, Government press. p. 11. Retrieved 27 सितंबर 2026.
  2. ↑ "गोरखपुर के गुर्रा नदी बांध पर जलभराव: हल्की बारिश से राहगीर, स्कूली बच्चे परेशान - Nadua Gyanpar(Chauri chaura) News". Dainik Bhaskar (Hindi में). 6 अगस्त 2026. Retrieved 27 सितंबर 2026.
  3. ↑ Service, Statesman News (14 जून 2024). "UP Govt revives Chhoti Gandak river". The Statesman (अंग्रेजी में). Retrieved 27 सितंबर 2026.
  4. ↑ "River channelisation for flood protection through corrective dredging at Gurra river, Gorakhpur - Cleantec Infra". cleantecinfra.com. 15 दिसंबर 2020. Retrieved 27 सितंबर 2026.