Jump to content

गुनाहों का देवता

विकिपीडिया से
गुनाहों का देवता
लेखकधर्मवीर भारती
बिधाउपन्यास
जहाँ सेट बाइलाहाबाद
छापे वालाभारतीय ज्ञानपीठ
छपे के तारीख़
1949
मीडिया टाइपछापा (पेपरबैक)
पन्ना संख्या258
891.433
एकरा बादसूरज का सातवाँ घोड़ा (1952) 

गुनाहों का देवता, धर्मवीर भारती के लिखल, हिंदी भाषा के एगो उपन्यास बा। उपन्यास के पहिला संस्करण 1949 में छपल आ अबतक ले एकर कइयन ठे संस्करण छप चुकल बाड़ें। हिंदी साहित्य के सभसे पापुलर उपन्यासन में एकर गिनती होला। प्रेम के प्लेटोनिक रूप के चित्रण एह उपन्यास के बिसय बा।

उपन्यास के कथा इलाहाबाद के माहौल में सेट बा। नायक चंदर इन्वर्सिटी में पढ़े वाला बिद्यार्थी बाने आ प्रोफेसर साहब के कृपापात्र बाने, घरेलू संबंध में प्रोफेसर साहब उनके बेटा नियर माने लें। प्रोफेसर साहब के लइकी सुधा चंदर से घुलल मिलल बाड़ी। आगे चल के दुनों लोग के बीच प्रेम भाव उपजत बा। दुनों लोग के प्रेम पबित्र प्रेम बा बाकी सुधा के बियाह दुसरे जगह हो जात बा। एकरा बाद, सुधा के लमहर बेमारी के बाद निधन हो जाला।