Jump to content

गिर केसर

विकिपीडिया से
Mangifera 'Gir Kesar'
'केसर' किसिम के आम
जातिमैन्गिफेरा
प्रजातिमैंगीफेरा इंडिका
किसिम'गिर केसर'
मूल जगहभारत

गिर केसर आम, जवन आमतौर प केसर आम कहल जाला, आम के एगो प्रसिद्ध किस्म (कल्टिवर) हवे। एकर बागबानी पश्चिमी भारत के गुजरात राज्य में गिरनार पहाड़ के निचला इलाकन में कइल जाला।

ई आम अपना चमकीला नारंगी रंग के गूदा खातिर प्रसिद्ध बा। साल 2011 में एह आम के भौगोलिक संकेतक (जियोग्राफिकल इंडिकेशन / जीआई) के दर्जा मिलल। गिर केसर आम के सबसे बड़ा बाजार तलाला गिर में बा, जवन गिर नेशनल पार्क से लगभग 45 किलोमीटर दूर स्थित बा। तलाला गिर के मैंगो मार्केट यार्ड के नाम से भी जानल जाला।