Jump to content

गवर्नर

विकिपीडिया से

गवर्नर (अंग्रेजी: governor) कवनो राजनीतिक क्षेत्र भा प्रशासनिक इकाई के प्रमुख (प्रशासनिक नेता) होखेला, आ कुछ स्थिति में—जइसे गवर्नर-जनरल—राज्य के आधिकारिक मुखिया के प्रतिनिधि का रूप में काम करेला। असल में ई कवनो क्षेत्र या शासन–प्रणाली (polity) के प्रकार पर निर्भर होखे ला; गवर्नर के या त नियुक्त (अप्वाइंट) कइल जाला या वोटिंग से चुनल जाला। गवर्नर के अधिकारो हर जगह अलग–अलग होखे लें, आ ई स्थानीय कानून पर निर्भर करे ला।

गवर्नर से जुड़ल विशेषण gubernatorial हवे, जे लैटिन शब्द gubernare से आवेला। कौनों संघीय (federated) राज्य में, गवर्नर अपना क्षेत्रीय शासन–इकाई के मुखिया आ सरकार के मुखिया के भूमिका निभा सकेला, बाकिर फेरो ऊ पूरा संघ के कानून के अनुसार चले ला, जहाँ पूरा संघ खातिर अलग से मुखिया (हेड ऑफ़ स्टेट) मौजूद होखेला।