केप (भूगोल)
Appearance

भूगोल में केप (अंग्रेजी: Cape; हिंदी: अंतरीप भा रास) सागरतट के अइसन उभरल जमीनी हिस्सा होला, जे समुंद्र के भीतर तक निकलल रहेला। अइसन केप सभ कौनों हेडलैंड, प्रायदीप भा प्रोमॉन्टरी (केप जइसन चट्टान) के रूप में हो सके लें। केप आमतौर पर तटरेखा के दिशा में अचानक आ क्लियर बदलाव के चीन्हा होला। एही कारण ई समुद्री नेविगेशन में महत्वपूर्ण निशान (लैंडमार्क) के रूप में इस्तमाल कइल जालें। समुद्र के लहर, ज्वार-भाटा आ औरो दूसर प्राकृतिक कटाव के प्रॉसेस एह पर सक्रीय आ प्रभावी होखे के संभावना बेसी होला; एह कारन इनहन के कटाव तेजी से होखत हो सके ला। एही कारन जियोलाजिकल हिसाब से देखल जाय त इनहन के कुल जीवनकाल तुलनात्मक रूप से छोट मानल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]
विकिमीडिया कॉमन्स पर Capes (geography) से संबंधित मीडिया
| ई समुंद्र बिज्ञान संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई थलरूप-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |