Jump to content

कुकिंग

विकिपीडिया से
चूल्हा के आगी पर चढ़ल बर्तन
दक्षिण भारतीय चूल्हा पर परंपरागत खाना पकावल जा रहल बाटे।
सीधे आँच पर सेकल जात लिट्टी

कुकिंग या कुकरी (अंग्रेजी: cooking; हिंदी: पाकशास्त्र या पाक कला) खाना पकावे के कला आ बिज्ञान बाटे। कुकिंग में कौनों तरीका से गर्मी क इस्तेमाल कइ के चीजन के पकावल जाला जे पकाए के बाद अधिका सवाद वाला, आसानी से पचे वाला हो जालीं, खाए में सेफ हो जालीं, आ इनहन के न्यूट्रीशन में बढ़त हो सकत बा।

पकावे खातिर सिद्धा आगी में भूँजल, सेंकल; तावा चाहे तंदूर में सेंकल; तेल-घीव नियर चिकनाई वाला चीज में छानल-बघारल; पानी में उबालल सभसे बेसिक तरीका बाटें। आज के समय में गैस पर, माक्रोवेव ओवन में, एयर फ्रायर में भोजन पकावल आम हो रहल बाटे। जहाँ पुराना समय में चूल्हा सबसे आम तरीका रहल अब नया समय में बहुत सारा बिजली से चले वाला उपकरण आ गइल बाड़ें जिनहन के इस्तेमाल कुकिंग में होखत बाटे। साथे-साथ खाना पकावे के बर्तन सब में बहुत बदलाव भइल बाटे।