Jump to content

कुकरैल नदी

विकिपीडिया से

कुकरैल नदी गोमती नदी में बायाँ ओर से आ के मिले वाली एगो छोट सहायिका नदी बा, जे उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में गोमती में मिले ले।[1]

हाइड्रोग्राफी

[संपादन करीं]

ई नदी लखनऊ के बख्शी का तालाब इलाका के अस्ति गाँव में दसर बाबा पोखरा के लगे एगो कुआँ से निकसे ले। एकरा बाद ई कुकरैल रिजर्व फॉरेस्ट में करीबन 6 किलोमीटर ले बहेले। गोमती नदी में मिले से पहिले एकर कुल बहाव करीब 28 किलोमीटर के बा।[2][3]

लोकल लोककथा आ किंबदंती सभ के मोताबिक, ई नदी करीब 200 साल पहिले अस्तित्व में आइल। आसपास के बड़हन इलाका में इहो मान्यता बाटे कि कुक्कुर काटे पर एह नदी में नहाये से रैबीज ना होला।[4] एकर पहिला लिखित उल्लेख 1904 के गजेटियर में मिलेला। 1960 में एकर पानी के स्तर 113.2 मीटर तक पहुँच गइल रहे, जेकरा चलते 1962 में नदी के किनारे तटबंध बनावल गइल। 1980 में कुकरैल आ गोमती के दुसर सहायक नदियन के बीच के जमीन, जेकरा के म्युनिसिपल स्लेड फार्म कहल जात रहे, विकास खातिर लखनऊ डेवलपमेंट अथॉरिटी (एलडीए) के दे दिहल गइल।

संरक्षण

[संपादन करीं]

2024 में कुकरैल नदी के दुनु ओर 50 मीटर चाकर पट्टी के एकर बाढ़ मैदान (फ्लड प्लेन) घोषित कइल गइल। एकर हिस्सा के रूप में लखनऊ डेवलपमेंट अथॉरिटी अकबरनगर इलाका में बड़हन ध्वस्तीकरण अभियान चलवलस, जवना में 1,800 से बेसी अबैध निर्माणन के हटा दिहल गइल।[2]

  1. ↑ दत्ता, वेंकटेश (7 अगस्त 2023). "गोमती के अस्तित्व के लिए अपरिहार्य अविरल निर्मल कुकरैल नदी". India Water Portal - Hindi (Hindi में). Retrieved 26 सितंबर 2026.
  2. 1 2 "50 metres area along Kukrail river declared 'floodplain'". The Times of India. ISSN 0971-8257. Retrieved 2024-06-20.
  3. ↑ "A River That Was..." The Times of India. ISSN 0971-8257. Retrieved 2024-06-20.
  4. ↑ "लखनऊ की इस छोटी सी नदी का नाम कुकरैल क्यों पड़ा, जानकर हैरान रह जाएंगे आप". www.livehindustan.com (Hindi में). 28 सितंबर 2023. Retrieved 26 सितंबर 2026.