कीबोर्ड
Appearance

कंप्यूटर कीबोर्ड कंप्यूटर सिस्टम के बाहरी (पेरिफेरल) इनपुट डिवाइस हवे, जे टाइपराइटर कीबोर्ड के ढाँचा के आधार प बनावल गइल होला; अब कई सिस्टम सभ में ई अंदरूनी रूप से (बिल्ट–इन) भी होखे ला आ स्क्रीन पर (ऑन स्क्रीन) इस्तेमाल कइल जा सके ला। बाहरी कीबोर्ड में बटन या कीज के अइसन रूप में जमावल जाला कि ऊ मेकैनिकल लीवर भा इलेक्ट्रॉनिक स्विच के तरह काम करे। शुरुआती समय में कंप्यूटरन में इनपुट देवे खातिर पंचकार्ड (punched cards) आ पेपर टेप (paper tape) वाला तकनीक इस्तेमाल होखे, बाकी 1970 के बाद से टेलीप्रिंटर–जइसन कीबोर्ड कंप्यूटर के मुख्य इनपुट तरीका बन गइल। 1980 के बाद कंप्यूटर माउस आ 2000 के बाद टचस्क्रीन एगो एक्स्ट्रा इनपुट तरीका के रूप में जुड़ गइल।
| ई कंप्यूटर-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |