Jump to content

किंग लियर

विकिपीडिया से
किंग लियर
Cordelia's portion by Ford Madox Brown (c. 1866-72)
Written byविलियम शेक्सपियर
Genreशेक्सपियरियन ट्रेजडी
Settingडोवर (ब्रिटेन), आ रोमन काल से पहिले के ब्रिटेन के अउरी दूसर हिस्सा सभ

दि ट्रैजेडी ऑफ किंग लियर (The Tragedy of King Lear), जेकरा अक्सर छोट करके किंग लियर (King Lear) कहल जाला, विलियम शेक्सपियर के लिखल एगो ट्रैजेडी नाटक ह। एकर रचना 1605 के आखिरी महीना में या 1606 के शुरुआत में भइल रहे। रोमन लोग के ब्रिटेन पर कब्जा करे से पहिले के जमाना के कथा पर आधारित एह नाटक में राजा लियर के प्रेम-परीक्षा के नतीजा देखावल गइल बा। एह परीक्षा में ऊ अपना बेटियन के प्रशंसा के आधार पर आपन सत्ता आ जमीन बाँट देलें। ई नाटक अपना गंभीर माहौल, जटिल काव्य-शैली आ अंधापन, पागलपन आ मानव स्वभाव से जुड़ल प्रमुख विषय-वस्तु खातिर जानल जाला।

एह नाटक के सबसे पुरान मालूम मंचन 1606 में सेंट स्टीफन दिवस के भइल रहे। आधुनिक संपादक लोग एकर पाठ तीन गो उपलब्ध प्रकाशित संस्करणन से तइयार करे ला: 1608 के क्वार्टो संस्करण (Q1), 1619 के क्वार्टो संस्करण (Q2, जे अनौपचारिक रहे आ Q1 पर आधारित रहे) आ 1623 के फर्स्ट फोलियो। क्वार्टो संस्करणन के पाठ में फोलियो संस्करण के मुकाबले काफी अंतर बा।

1681 में, अंग्रेजी राजतंत्र के बहाली के बाद, नाहम टेट एह नाटक के संशोधित रूप तैयार कइलें। एहमें एगो प्रेम-कथा के उपकथा जोड़ल गइल आ अंत के कम दुखद बनावल गइल। एह संस्करण के चलते 1838 तक पेशेवर रंगमंच पर शेक्सपियर के मूल नाटक के जगह ई संशोधित रूपे खेलल जात रहल। हालाँकि, ओकरा बाद से शेक्सपियर के मूल नाटक के उनका सबसे महान रचनन में से एक मानल जाए लागल। पर्सी बिश शेली अपना किताब ए डिफेंस ऑफ पोएट्री (1821) में किंग लियर के "दुनिया में मौजूद नाट्य-कला के सबसे पूर्ण उदाहरण" बतवले रहलें। आजो एह नाटक के अक्सर अब तक लिखल गइल साहित्य के सबसे महान रचना सभ में से एक मानल जाला।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]
  • विकिमीडिया कॉमन्स पर King Lear से संबंधित मीडिया
  • किंग लियर at Standard Ebooks
  • King Lear – at Project Gutenberg
  • "King Lear". ब्रिटिश लाइब्रेरी. Archived from the original on 3 August 2016.
  • King Lear, Folger Shakespeare Library
  • King Lear LibriVox प पब्लिक डोमेन ऑडियोबुक