Jump to content

काशी रेलवे स्टेशन

विकिपीडिया से
काशी
General information
LocationIndia
Coordinates25°19′39″N 83°01′53″E / 25.327494°N 83.031522°E / 25.327494; 83.031522
Elevation81.268 meters (266.6 feet)
Systemभारतीय रेल के इस्टेशन
Owned byभारतीय रेल
Platforms3
Tracks4 डबल (बिजली वाला ट्रैक)
Train operatorsभारतीय रेल
Connectionsऑटो रिक्शा
बस
Construction
Structure typeस्टैंडर्ड (जमीन-लेवल स्टेशन)
Parkingमौजूद
Cycle facilitiesमौजूद
Other information
Station codeKEI
Zone(s) उत्तरी रेलवे
Division(s) वाराणसी
Fare zoneउत्तर रेल मंडल
Location
काशी के लोकेशन Varanasi district में
काशी
काशी
बनारस नक्शा पर लोकेशन
Map
Interactive map

काशी रेलवे स्टेशन वाराणसी जिला के रेलवे स्टेशनन में से एगो हवे। ई वाराणसी जंक्शन रेलवे स्टेशन से लगभग 6 किलोमीटर पूरब, मुगलसराय जंक्शन रेलवे स्टेशन से लगभग 11 किलोमीटर उत्तर-पश्चिम आ लाल बहादुर शास्त्री हवाईअड्डा से लगभग 26 किलोमीटर दक्षिण-पूर्व में स्थित बा।

काशी रेलवे स्टेशन वाराणसी जिला के पूर्वी उपनगरन के सेवा देला आ वाराणसी जंक्शन आ पंडित दीन दयाल उपाध्याय जंक्शन के बाद क्षेत्र के एगो प्रमुख सेकेंडरी रेलवे स्टेशन के रूप में काम करे ला।

नवीनीकरण

[संपादन करीं]

रेलवे द्वारा एह स्टेशन के नया तरीका से बिकसित क के आधुनिक सुबिधा सभ से लैस कइल गइल। स्टेशन पर सुघर देवाल, वेटिंग रूम, सर्कुलेटिंग एरिया आ पैदल ऊपरी पुल (फुट ओवरब्रिज / एफओबी) के निर्माण आ सुधार कइल गइल। स्टेशन के देवालिन पर धार्मिक आ सांस्कृतिक विषय से जुड़ल आकर्षक चित्रकारी कइल गइल बा। खराब रोशनी के समस्या दूर करे खातिर एलईडी लाइट लगावल गइल, जबकि रात में स्टेशन के सुंदरता बढ़ावे खातिर सजावटी रोशनी के भी इस्तेमाल कइल गइल। एह अपग्रेडिंग के काम पर करीबन 1 करोड़ से बेसी रुपया खर्च कइल गइल।

भबिस्य के योजना

[संपादन करीं]

बनारस में बढ़त ट्रैफिक भीड़ आ उद्योग-धंधा के बढ़त जरूरत के देखते नेशनल हाईवेज अथॉरिटी ऑफ इंडिया (NHAI) द्वारा काशी रेलवे स्टेशन के इंटरमोडल स्टेशन (IMS) खातिर चुनल गइल। प्रस्तावित इंटरमोडल स्टेशन के रेल, सड़क, मास रैपिड ट्रांजिट सिस्टम, बस रैपिड ट्रांजिट सिस्टम आ अंतर्देशीय जलमार्ग जइसन अलग-अलग परिवहन माध्यमन से जोड़ल जाई।

एह परियोजना के विकास पब्लिक–प्राइवेट पार्टनरशिप (PPP) मॉडल के तहत कइल जाई। इंटरमोडल स्टेशन के निर्माण आ विकास खातिर लगभग 47.26 एकड़ जमीन के जरूरत अनुमानित कइल गइल बा।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]