कार्ल फ्रेडरिक गॉस

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
कार्ल फ्रेडरिक गास

जोहान कार्ल फ्रेडरिक गॉस (Johann Carl Friedrich Gauss) (30 अप्रैल 1777 ब्रूंशविग – 23 फरवरी 1855 गॉटिन्जेन) एक ठो जर्मन गणितज्ञ रहलें जे कई क्षेत्र में आपन योगदान दिहलें, जइसे कि नंबर थियरी, बीजगणित, सांख्यिकी, गणितीय बिस्लेषण, भूमापन, भूभौतिकी, मैकेनिक्स, इलेक्ट्रोस्टैटिक्स, खगोलशास्त्र, मैट्रिक्स थियरी आ प्रकाश बिज्ञान में उनके योगदान के बहुत महत्व बा।

गॉस के कुछ जगह प्रिंसेप्स मैथेमेटिकोरम (Princeps mathematicorum)[1] (लैटिन कथन, अरथ:"गणितज्ञ लोग में सभसे आगे") आ "प्राचीन काल से अबले सभसे बड़ गणितज्ञ" कहल जाला। गॉस के प्रभाव गणित आ बिज्ञान के बिबिध क्षेत्रन में एतना महत्व वाला रहल बा कि उनके इतिहास के सभसे प्रभावशाली गणितज्ञ के दर्जा दिहल जाला।[2]

संदर्भ[संपादन]

  1. Zeidler, Eberhard (2004); Oxford Users' Guide to Mathematics; Oxford, UK: Oxford University Press; p. 1188; ISBN 0-19-850763-1. 
  2. Dunnington, G. Waldo. (मई 1927)."The Sesquicentennial of the Birth of Gauss"; ओरिजिनल से 2008-02-26 के पुरालेखित; पहुँचतिथी 2005-06-23.  Scientific Monthly XXIV: 402–414. Retrieved on 29 June 2005. Now available at "The Sesquicentennial of the Birth of Gauss".  Retrieved 23 फरवरी 2014. Comprehensive biographical article.