काराकस
Caracas | |
|---|---|
राजधानी शहर | |
| Santiago de León de Caracas | |
The skyline from El Ávila National Park Plaza Venezuela Plaza Francia | |
| Motto: Seguid El Ejemplo Que Caracas Dio. (Then Follow the Example that Caracas Gave.) | |
| Coordinates: 10°30′22″N 66°54′52″W / 10.50611°N 66.91444°Wनिर्देशांक: 10°30′22″N 66°54′52″W / 10.50611°N 66.91444°W | |
| देश | |
| स्थापना भइल | 25 जुलाई 1567 |
| Founded by | Diego de Losada |
| Area | |
| • राजधानी शहर | 433 किमी2 (167 बर्ग मील) |
| • Metro | 4,715.1 किमी2 (1,820.5 बर्ग मील) |
| Elevation | 900 m (3,000 ft) |
| Highest elevation | 1,400 m (4,600 ft) |
| Lowest elevation | 870 m (2,850 ft) |
| Population (2022) | |
| • राजधानी शहर | 3,242,000 |
| • Density | 7,060/किमी2 (18,285/बर्ग मील) |
| • Metro | 5,297,026 |
| Time zone | UTC−04:00 (वेनेजुएला स्टैंडर्ड टाइम (VET)) |
| Website | www |
काराकस (अंग्रेजी: Caracas), जेकर ऑफिशियल नाँव सांतियागो दे लेओन दे काराकास (Santiago de León de Caracas) हवे, वेनेज़ुएला के राजधानी आ सभसे बड़ शहर हवे। ई मेट्रोपॉलिटन रीजन ऑफ काराकास (Greater Caracas) के सेंटरो हवे। काराकास वेनेज़ुएला के उत्तर हिस्सा में ग्वाइरे नदी के तीरे बसल बा। ई शहर काराकास घाटी में पड़ेला, जवन वेनेज़ुएला के समुंदर के तीरे के पहाड़ी इलाका कोर्दिलेरा दे ला कोस्ता के भीतर आवेला।
काराकास घाटी के उत्तर दिशा में कैरेबियन सागर बहुत नगीचे बा। समुंदर आ शहर के बीच लगभग 2,200 मीटर ऊँच पहाड़ी श्रृंखला बा, जेकर नाँव सेरो एल आविला (Cerro El Ávila) हवे। दक्खिन दिशा में अउरी पहाड़ी आ पहाड़ मिलेलें। काराकास के मेट्रोपॉलिटन इलाका में लगभर 50 लाख लोग रहत बाड़ें, अइसन अनुमान बा।
शहर के ऐतिहासिक केंद्र कैथेड्रल मानल जाला, जवन बोलीवार स्क्वायर पर स्थित बा। हालाँकि कुछ लोग प्लाज़ा वेनेज़ुएला के असली केंद्र माने लें, जवन लोस काओबोस इलाका में बा। काराकास में सर्विस कंपनी, बैंक आ शॉपिंग मॉल जइसन बिज़नेस खूब बा। शहर के अर्थव्यवस्था मुख्य रूप से सर्विस पर टिकाइल बा, हालाँकि मेट्रोपॉलिटन इलाका में कुछ इंडस्ट्रियल कामकाज भी होला। काराकास स्टॉक एक्सचेंज आ पेट्रोलियोस दे वेनेज़ुएला (PDVSA) के मुख्य दफ्तर एही शहर में बा। एम्प्रेसास पोलार वेनेज़ुएला के सबसे बड़ प्राइवेट कंपनी हवे।
काराकास के वेनेज़ुएला के सांस्कृतिक राजधानी मानल जाला। एह शहर में ढेर सारा रेस्टोरेंट, थिएटर, म्यूज़ियम आ शॉपिंग सेंटर बा। लैटिन अमेरिका के कुछ सबसे ऊँच स्काईस्क्रैपर भी एहिजे मिलेलें, जइसे पार्के सेंट्रल टावर्स। म्यूज़ियम ऑफ कंटेम्पररी आर्ट ऑफ काराकास दक्षिण अमेरिका के सबसे महत्वपूर्ण म्यूज़ियम में से एक मानल जाला।
| ई दक्खिन अमेरिका के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |