कात्सुको सारुहाशी

विकिपीडिया से
(कात्सुको सारूहाशी से अनुप्रेषित)
कात्सुको सारुहाशी
जनम22 मार्च , 1920
निधनसितंबर 29, 2007(2007-09-29) (उमिर 87)
टोक्यो, जापान
राष्ट्रीयताजापानी
काम के क्षेत्रभूरासायनिकी
संस्थामेटीयरोलॉजिकल रिसर्च इंस्टीट्यूट, जापान मेटीयरोलॉजिकल एजेंसी
अल्मा मैटरइंपीरियल वोमेन'स कॉलेज ऑफ साइंस (तोहो यूनिवर्सिटी)
यूनिवर्सिटी ऑफ टोक्यो

कात्सुको सारुहाशी (अंग्रेजी: Saruhashi Katsuko, जापानी: 猿橋 勝子) (जनम : 22 मार्च, 1920 आऊर निधन : 29 सितंबर, 2007) एगो जापानी भूरसायनबिद रहलीं। ई कार्बन डाईऑक्साइड (CO2) लेबल क सबले पहिलका कुछ मापजोख कइले रहलीं जेकरे बाद समुंदरी जल आ वातावरण में रेडियोएक्टिव नाभिकीय राख क परमान देखवले रहलीं। सारुहाशी 1957 में रसायनशास्त्र में टोक्यो विश्वविद्यालय से डॉक्टरेट क उपाधी पवले रहलीं।[1] सारुहाशी जियोकेमिकल सोसायटी ऑफ जापान आऊर ओशीनोग्राफिकल सोसायटी ऑफ जापान क मानद सदस्य रहलीं।[2] 22 मार्च, 2018 के गूगल इनकरे जनमदिन प सम्मान में गूगलडूडल परदरसित कइले रहल।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Yount, Lisa (2008). A to Z of women in science and math (Rev. ed.). New York: Facts On File. pp. 263–264. ISBN 978-0-8160-6695-7.
  2. Yount, Lisa, p. 58, ISBN 0-8160-3173-8
  3. "कात्सुको सारूहाशी का 98वां जन्मदिन". www.google.com. Retrieved 23 मार्च 2018.