Jump to content

कहानी

विकिपीडिया से

कहानी जेकरा अंग्रेजी में शॉर्ट स्टोरी (short story) के नाँव से जानल जाला, गद्य में लिखल कथा-साहित्य (नैरेटिव भा आख्यान) के एगो रूप ह, जेकरा के आमतौर पर एके बेर में पढ़ल जा सकेला। ई कवनो एगो स्वतंत्र घटना भा आपस में जुड़ल कुछ घटना सभ पर केंद्रित रहेला, आ एकर मकसद पाठक पर एगो खास असर भा भावना पैदा कइल होला।

कहानी, साहित्य के सबसे पुरान बिधा सभ में से एगो बिधा ह। दुनिया के अलग-अलग प्राचीन समाजन में ई किंवदंती, पौराणिक कथा, लोककथा, परीकथा, अतिरंजित कथा, नीतिकथा आ रोचक प्रसंग जइसन रूपन में मौजूद रहल। आधुनिक कहानी साहित्य के बिकास 19वीं सदी के सुरुआत में भइल।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]