कलौंजी

विकिपीडिया से
(कलउँजी से अनुप्रेषित)

कलौंजी चाहे कलउँजी एक किसिम के भरुआ पकवान हवे जेह में भिंडी, करइली, आलू, बैंगन नियर कई किसिम के सब्जी सभ में एगो ख़ास तरह के मसाला भर के तेल के साथे सेंक के (कल्हार के) पकावल जाला। एकरे मसलवो के कलौंजी मसाला कहल जाला। एह मसाला में खटाई आ मंगरइल मुख्य मसाला होलें। कई जगह मंगरइल के कलौंजी कहल जाला; हो सके ला एही नाते एह पकवानों के कलौंजी कहल जात होखे। आम तौर पर उत्तरी भारत में अइसन पकवान सभ के भरवाँ सब्जी कहल जाला। जइसे कि भरवाँ भिंडी, भरवाँ बैंगन वगैरह।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]