कपिल मिश्रा

विकिपीडिया से
बिधायक, छठवीं दिल्ली बिधान सभा
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
14 फरवरी 2015
मंत्री/मिनिस्टरजल, पर्यटन, संस्कृति, कला & भाषा आ गुरुद्वारा चुनाव मंत्री
सीटकरावल नगर सीट
निजी जानकारी
जनम (1980-11-13) 13 नवंबर 1980 (उमिर 43)
नागरिकता भारत

कपिल मिश्रा भारत की दिल्ली राज्य की करावल नगर सीट से आम आदमी पार्टी के पूर्व विधायक आ दिल्ली राज्य सरकार में जल मंत्री बाने। 2015 की चुनावन में ई अपना बिपक्षी उमेदवार के 44,431 वोटन की अंतर से हरा के चुनल गइल रहलें।

बिबाद में

मई 2017 में कपिल मिश्र, आम आदमी पार्टी के नेता आ मुखिया अरविंद केजरीवाल पर आरोप लगवलें कि पार्टी के नेता लोग चंदा के रकम के हेराफेरी कइले बा। जनता से आ चुनाव आयोग से जानकारी छिपावल गइल बा आ छोटहन कंपनी सब के साथ मिल के "मनी लाउन्ड्रिंग" कइल गइल बा। एकरा से पहिले ऊ केजरीवाल पर दू करोड़ रूपया लेवे के आरोप लगवले रहलें आ दावा कइलेन की ई लेनदेन उनके आँखी के सोझा भइल।[1]

14 मई के एक ठो प्रेस कान्फ्रेंस में आप पार्टी आ केजरीवाल पर आरोप लगावत समय मिश्रा बेहोश हो गइलें।[2] बीबीसी के रपट के मोताबिक उनके आरोप रहल की चंदा में कुल 45 करोड़ के रकम एकट्ठा भइल, जबकि वेबसाइट पर खाली 19 करोड़ देखावल गइल।[2]

संदर्भ

  1. "दिल्ली के पूर्व मंत्री कपिल मिश्रा के बयान के बाद आम आदमी पार्टी में मचल बवाल……". Bhojpuriya Byar. 2017-05-07. Retrieved 2017-05-15.[मुर्दा कड़ी]
  2. 2.0 2.1 "'आप' पर संगीन आरोप लगाते बेहोश हुए कपिल मिश्रा - BBC हिंदी". Bbc.com. 1970-01-01. Retrieved 2017-05-15.

संदर्भ