ओ कैप्टन! माइ कैप्टन!
| by वाल्ट व्हिटमैन | |
Printed copy of "O Captain! My Captain!" with revision notes by Whitman, 1888[1] | |
| Written | 1865 |
|---|---|
| First published in | दि सैटरडे प्रेस |
| Subject(s) | अब्राहम लिंकन, अमेरिकी सिविल वार |
| Form | एक्सटेंडेड मेटाफर |
| Publication date | November 4, 1865 |
| Read online | "O Captain! My Captain!" at Wikisource |
“ओ कैप्टन! माइ कैप्टन!” वाल्ट व्हिटमैन के 1865 में लिखल अंग्रेजी कबिता ह। ई कबिता एगो विस्तारित रूपक (एक्सटेंडेड मेटाफर) पर आधारित कबिता हवे, जवन अमेरिका के राष्ट्रपति अब्राहम लिंकन के मउअत पर लिखल गइल रहे। प्रकाशित होखते ई कविता बहुते सराहल गइल, आ ई व्हिटमैन के पहिली कविता रहे जवन कवनों संकलन में शामिल भइल। उनकरे जियते ई कविता सबसे परसिद्ध कबिता मानल जाये लागल रहे। एह कविता के अलावा व्हिटमैन लिंकन के मउअत प कुल चार गो कबिता लिखले रहलें - “When Lilacs Last in the Dooryard Bloom’d”, “Hush’d Be the Camps To-Day”, आ “This Dust Was Once the Man” — आ “O Captain! My Captain!” इनहन सभ में सबसे प्रसिद्ध हवे।
अमेरिकी सिविल वार के दौर में व्हिटमैन वाशिंगटन डी.सी. में आ के बसलें। उ सरकारी दफ्तर में काम करत रहलें आ फुरसा मिलला पर अस्पतालन में घायल सैनिकन के सेवा कइल करें। लिंकन से ऊ कबहियों ना मिलल रहलें, बाकिर उनुके अपना भीतर लिंकन से एगो अपनापन महसूस होत रहे, एही के चलते लिंकन के हत्या से ऊ बहुते गहिरा तरीका से दुखी भइलें। “माय कैप्टन” सबसे पहिले 4 नवंबर 1865 के दि सैटरडे प्रेस में छपल, आ ओही साल ड्रम-टैप्स के अगिला भाग में भी शामिल भइल। बाद में ऊ ई कविता के आपन संकलन लीव्स ऑफ ग्रास में रखलें आ लिंकन के निधन पर दिहल गइल कई गो व्याख्यानन में ए कविता के खुद पढ़ के सुनावलें।
शैली के नजरिया से ई कविता व्हिटमैन के बाकी लिखाई से एकदम अलग देखलाई पड़े ला, काहें से कि एहमें तुकबंदी, गीत-जइसन लय आ “राष्ट्र रूपी जहाज” वाला सीधा रूपक मिलेला। ईहे सहजपना शायद एह कविता के सुरुआती लोकप्रियता के बड़ा कारण बनल। ओही समय कई लोग एकरा के अमेरिकी काव्य परंपरा के सबसे उम्दा रचना मान लिहलें। बाद में, बीसवीं सदी के बीच पहुँचत-पहुँचत, कुछ विद्वान एकरा के साधारण आ कम मौलिक कहे लगलें, बाकिर आम पाठकन में एकर लोकप्रियता कायम रहल। अब जब कविता में कहीं लिंकन के नाँव सीधा लेवल नइखे गइल, एहसे बाद में कई दुसरे राष्ट्र प्रमुखन के निधन पर भी ई कविता कोट कइल गइल। ई कविता सबसे प्रसिद्ध रूप से फिलिम डेड पोएट्स सोसाइटी में देखावल गइल, आ आज तक एकरा के अक्सर ओही फिलिम के अभिनेता रॉबिन विलियम्स से जोड़ के इयाद कइल जाला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Whitman, Walt. "Image 2 of Walt Whitman Papers: Literary file; Poetry; O Captain! My Captain! printed copy with corrections" (1888). Walt Whitman papers. Washington, D.C.: Manuscript Division, Library of Congress.
| ई लेख कबिता की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |