ओवरशूट (आबादी)
Appearance
पर्यावरण बिज्ञान में एगो कॉन्सेप्ट होला लोकल कैरीइंग कैपेसिटी — मने की ऊ अधिकतम आबादी जवना के कौनों जगह क इकोसिस्टम सस्टेनेबल तरीका से सपोर्ट क सकत होखे। जब कौनों आबादी एह अधिकतम के पार क जाला — अइसन स्थिति के पॉपुलेशन ओवरशूट (अंग्रेजी: population overshoot) के नाँव दिहल जाला। अगर लोकल इकोसिस्टम के संसाधन सभ जेतना तेजी से दोबारा बने लें (री-जेनरेट होलें) ओकरा ले बेसी तेजी से ओह जगह के आबादी उनहन के इस्तेमाल (उपभोग) क के खरच क देवे — आबादी क्रैश के दशा पैदा हो सके ला। ओवरशूट के ई स्थिति खाली भर आदमी के आबादी के ऊपर ना लागू होला बलुक अउरियो ओह सगरी प्रजाति सभ पर लागू होला जे जिंदा रहे खातिर लोकल इकोसिस्टम के संसाधनन के उपभोग पर निर्भर होखे लीं।[1][2]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Rockström, Johan; Steffen, Will; Noone, Kevin; Persson, Åsa; Chapin, F. Stuart III; Lambin, Eric; Lenton, Timothy; Scheffer, Marten; Folke, Carl; Schellnhuber, Hans Joachim; Nykvist, Björn; de Wit, Cynthia; Hughes, Terry; van der Leeuw, Sander; Rodhe, Henning (2009-11-18). "Planetary Boundaries: Exploring the Safe Operating Space for Humanity". Ecology and Society (अंग्रेजी में). 14 (2) art32. Bibcode:2009EcSoc..14Tr.32R. doi:10.5751/ES-03180-140232. ISSN 1708-3087.
- ↑ Catton, William R. (1980). Overshoot: the ecological basis of revolutionary change. Internet Archive. Urbana ; London : University of Illinois Press. ISBN 978-0-252-00988-4.
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई इकोलॉजी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |