Jump to content

ओडिसी

विकिपीडिया से

ओडिसी (अंग्रेजी: Odyssey, /ˈɒdɪsi/; प्राचीन यूनानी: Ὀδύσσεια, ओडिसेइया) प्राचीन यूनानी साहित्य के दू गो प्रमुख महाकाव्यन में से एगो महाकाब्य (एपिक) ह, जेकर रचानिहार होमर के मानल जाला।[1] ई दुनिया के सबसे पुरान बाँचल जाये वाली साहित्यिक रचना सभ में से एगो ह आ आजो पाठकन के बीच बहुते पॉपुलर बा। होमरे के दूसरकी रचना इलियड नियर ओडिसियो के 24 गो सर्ग (बुक) में बाँटल गइल बा। एह में इथाका के वीर राजा ओडीसियस (जेकरा के लैटिन रूप में यूलिसीस भी कहल जाला) के कहानी बा। ट्रोजन जुद्ध के दस बरिस बाद ऊ अपना घर लवटे खातिर यात्रा शुरू करेलें, बाकिर ट्रॉय से इथाका पहुँचे में उनकरा के अउरी दस बरिस लाग जाला। एह लमहर सफर में ऊ अनेक गो संकट आ खतरा के सामना करेलें, आ उनकर सभे संघी-साथी मारल जालें। ओडीसियस के एतना लमहर गैरहाजिरी में लोग उनकरा के मरल मान लेला। एह बीच उनकर पत्नी पेनेलोप आ बेटा टेलीमेकस के ओह लोग से जूझे के पड़ेला, जे पेनेलोप से बियाह करे खातिर लगातार कोशिश करत रहेला।

ओडिसी के रचना होमेरिक यूनानी भाषा में लगभग ईसा पूर्व 8वीं भा 7वीं सदी में भइल रहे। ईसा पूर्व 6वीं सदी के बीच तक ई यूनानी साहित्य के मानक रचना सभ में शामिल हो गइल रहे। प्राचीन समय में एकरा के होमर के रचना मानल जात रहे, बाकिर आज के अधिकतर विद्वानन के मत बा कि इलियडओडिसी के रचना अलग-अलग भइल रहे आ ई दूनो महाकाव्य लमहर मौखिक परंपरा के हिस्सा रहलें। ओह समय अधिकांश लोग पढ़ल-लिखल ना रहे, एह कारण ई कविता सभ के आओइदोस (गायक-कथावाचक) भा रैप्सोड (महाकाव्य पाठ करे वाला) श्रोतन के सोझा सुनावत रहलें।

ओडिसी के मुख्य विषय सभ में नोस्टोस (घर वापसी), भटकन, ज़ेनिया (मेहमान-नवाजी आ मेजबान-मेहमान के संबंध), परीक्षा आ शुभ-अशुभ संकेत (शकुन) शामिल बाड़ें। विद्वान एह महाकाव्य में औरतन आ गुलामन के भूमिका पर भी खास ध्यान देलें, काहेकि प्राचीन साहित्य के बहुत सारा दूसर रचना के तुलना में एह लोग के भूमिका एह महाकाव्य में बेसी महत्वपूर्ण बा। ई बात खास तौर पर इलियड से अलग बा, जहाँ मुख्य ध्यान ट्रोजन युद्ध के दौरान सैनिकन आ राजन के पराक्रम पर केंद्रित बा।

ओडिसी के पच्छिमी साहित्य के सबसे महत्वपूर्ण रचना सभ में गिनल जाला। एकर पहिल पूरा अंग्रेजी अनुवाद 1616 में प्रकाशित भइल रहे। एह एपिक पर आधारित रूपांतरण आ नया कल्पना पर आधारित रचना आजो फिलिम, नाटक, उपन्यास आ दूसर कई माध्यमन में बनत रहेला। 2018 में बीबीसी कल्चर जब दुनिया भर के विशेषज्ञन से साहित्य के सबसे टिकाऊ आ प्रभावशाली कथा के बारे में राय लिहलस, त ओडिसी एह सूची में सबसे ऊपर रहल।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Odyssey by Homer | Plot, Summary, Characters, Themes, Odysseus, Xenia, Nostos, & The Odyssey 2026 | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). 21 जुलाई 2026. Retrieved 26 जुलाई 2026.