Jump to content

ओजार्क

विकिपीडिया से
Ozarks
Ozark Highlands; Ozark Mountains; Ozark Plateaus
View of the Ozarks from the Buffalo National River, Newton County, Arkansas
Highest point
परबतचोटीबफैलो लुकआउट
ऊँचाई2,561 फीट (781 मी)
लोकेशन (भूगोलीय)37°10′N 92°30′W / 37.167°N 92.500°W / 37.167; -92.500
भूगोल
देसUnited States
राज्य/प्रांतआर्कन्सा
कन्सा
मिसौरी
ओक्लाहोमा
Geology
चट्टान के उमिरपैलियोजोइक से प्रोटेरोजोइक

ओजार्क (Ozarks, ओज़ार्क्स), जेकरा के ओजार्क के पठार चाहे ओजार्क पठार के नाँव से भी जानल जाला, अमेरिका के आर्कन्सामिसौरी राज्यन में एगो भौतिक प्रदेश (फिजियोग्राफिक रीजन) बाटे। ई अमेरिकी भूबैज्ञानिक सर्वेक्षण (USGS) द्वारा कइल बर्गीकरण में इंटीरियर हाइलैंड्स के हिस्सा हवे।

ओजार्क पठार के दू हिस्सा में, मने की दू गो अउरी उपप्रदेश में बाँटल जाला: बोस्टन पहाड़ आ स्प्रिंगफील्ड-सालेम पठार। एह पठार पर दू गो परबत बाड़ें, आर्कन्सा के बोस्टन पहाड़ आ मिसौरी के सेंट फ्रांकोइस पहाड़।