ओखला बर्ड सैंक्चुअरी
ओखला बर्ड सैंक्चुअरी (अंग्रेजी: Okhla Bird Sanctuary, अंग्रेजी: ओखला पक्षी विहार) यमुना नदी पर बने ओखला बैराज में एगो बर्ड सैंक्चुअरी (चिरई बिहार) ह। ई नोएडा, गौतम बुद्ध नगर जिला में, दिल्ली-उत्तर प्रदेश के बाडर पर स्थित बा आ 300 से बेसी चिरई के प्रजातियन, खास करके पानी वाला चिरई, खातिर एगो सुरक्षित जगह के रूप में जानल जाला। 1990 में यमुना नदी के 3.5 वर्ग किलोमीटर (1.4 वर्ग मील) इलाका के उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा वन्यजीव संरक्षण अधिनियम, 1972 के तहत पक्षी बिहार घोषित कइल गइल। ई जगह ओह बिंदु पर स्थित बा जहाँ यमुना नदी उत्तर प्रदेश में प्रवेश करे ली। सैंक्चुअरी के सबसे प्रमुख खासियत बैराज बना के नदी के पानी रोकला से बनल एगो बड़ झील ह, जे पच्छिम में ओखला गाँव आ पूरुब में गौतम बुद्ध नगर के बीच स्थित बा।
ओखला बर्ड सैंक्चुअरी (ओबीएस) के कुल रकबा लगभग 4 वर्ग किलोमीटर (1.5 वर्ग मील) बा आ ई उत्तर प्रदेश के गौतम बुद्ध नगर जिला में नोएडा के प्रवेश बिंदु पर स्थित बा। ई ओह जगह पर बा जहाँ यमुना नदी दिल्ली के इलाका छोड़ के उत्तर प्रदेश में प्रवेश करे ली। ई राज्य के 15 गो बर्ड सेंक्चुअरिन में से एक बाटे।
सेंक्चुअरी के इलाका में काँटेदार झाड़ी, घास के मैदान आ वेटलैंड में पावल जाए वाली चिरई के प्रजाति देखे के मिलेली। ओखला बैराज के बनला से ई वेटलैंड बनल। उत्तर प्रदेश सरकार 1990 में एकरा के सेंक्चुअरी घोषित कइले रहे। अब ई भारत के 466 आईबीए (महत्वपूर्ण चिरई वाला एरिया) में से एगो ह।
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |