ऑनलाइन बीडियो प्लेटफॉर्म
Appearance
ऑनलाइन बीडियो प्लेटफॉर्म (Online Video Platform), संछेप में ओवीपी, (OVP) अइसन इंटरनेट सर्विस ह, जे यूजर लोगन के बीडियो अपलोड करे, एकरा के अलग-अलग फारमेट में बदले (कनवर्ट करे), सहेजे आ इंटरनेट पर चलावे (प्लेबैक करे) के सुविधा देला। ई काम आमतौर पर निजी सर्वर पर आधारित, सिस्टमेटिक आ बड़हन पैमाना के सिस्टम के माध्यम से होला, जेकरा से आमदनियो कमाइल जा सके ला। यूजर आमतौर पर एह प्लेटफॉर्म के वेबसाइट, मोबाइल भा डेस्कटॉप ऐप, या दूसर इंटरफेस (API) के माध्यम से आपन बीडियो अपलोड करेलें। बीडियो अपलोड होखला के बाद ई प्लेटफॉर्म आमतौर पर एम्बेड कोड भा लिंक उपलब्ध करावेला, जवना के इस्तेमाल करके दूसर लोग ओह बीडियो के इंटरनेट पर देख सके ला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |