ऑगस्ट स्ट्रिंडबर्ग (अंग्रेजी: August Strindberg; 22 जनवरी 1849 – 14 मई 1912) स्वीडिश नाटककार, उपन्यासकार, कवि, निबंधकार आ चित्रकार रहलें। ऊ एगो बहुते बेहतरीन आ धाराप्रवाह लिखे वाला लेखक रहलन आ अक्सरहा आपन निजी जिनगी के अनुभव के आधार प सीधे लेखन के काम कइलें। चार दशक तक ले चलल आपन करियर में स्ट्रिंडबर्ग 60 से बेसी नाटक आ कथा-साहित्य, आत्मकथा, इतिहास, सांस्कृतिक विश्लेषण आ राजनीति से जुड़ल 30 से बेसी रचना लिखलें। अपना मय जिनिगी में ऊ बेबाक एक्सपेरिमेंट करे वाला आ पुरान परंपरा के चुनौती देवे वाला लेखक रहले। ऊ नाटक लिखे के किसिम-किसिम के तरीका आ मकसद पर काम कइलन—प्राकृतिकतावादी ट्रेजेडी, मोनोड्रामा आ ऐतिहासिक नाटक से लेके अभिव्यक्तिवादी आ अतियथार्थवादी नाटक के तकनीक के शुरुआती प्रयोग एह में गिनावल जा सके लें। अपना रचना सभ में सुरुआतिये से स्ट्रिंडबर्ग नाटकीय एक्शन, भाषा आ दृश्य-संरचना के एगो एकदम नया किसिम के रूप डेवलप कइलन। उनका के आधुनिक स्वीडिश साहित्य के "पिता" मानल जाला आ उनकर उपन्यास दि रेड रूम (1879) के अक्सर पहिला आधुनिक स्वीडिश उपन्यास मानल जाला। स्वीडन में स्ट्रिंडबर्ग के निबंधकार, चित्रकार, कवि आ खासकर उपन्यासकार आ नाटककार के रूप में जानल जाला, जबकि दूसरे देसन में ऊ मुख्य रूप से नाटककार के रूप में जानल जालन।