एस धम्मो सनंतनो
एस धम्मो सनंतनो पाली भाषा के परसिद्ध वाक्य ह जे बौद्ध धर्म के ग्रंथ धम्मपद में आइल बाटे। एकर शाब्दिक अरथ हवे "इहे सनातन धर्म ह", चाहे "इहे पुराना जमाना से (हमेशा से, अनादि काल से) चलत चल आइल धरम/नियम हऽ"।[1]
पाठ आ अरथ
[संपादन करीं]पाठ: |
अरथ: |
बुद्ध के कहनाम रहल कि 'करुणा' धम्म हवे आ ई बात समय के संघे बदले ला ना, नष्ट ना होला, आ ई संसार के सुरुआते से चल आ रहल बा, एही से ई धम्म सनातन हवे।[3] कुछ लोग 'सनातन' शब्द के बिशेषण माने ला - ब्याख्या करे ला कि बुद्ध जवना धम्म के बात करत बाड़े ओकरा के सनातन होखल कहत बाड़ें - न कि सनातन धम्म के कवनो चीज बाटे। मने की ऊ धम्मवा सनातन ह, सनातन कौन्नों धम्म ना हवे।[4]
ओशो के प्रवचन
[संपादन करीं]एही वाक्य के ले के रजनीश, जिनके भगवान श्री भा ओशो के नाँव से जानल जाला, प्रवचनन के एगो सीरीज बाटे। ई बाद में एही टाइटिल से किताब के रूप में भी छपल। एह पुस्तक में ओशो बौद्ध धर्म के ग्रंथ धम्मपद के कुछ सूत्र ले के उनहन के ब्याख्या करे लें।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Childers, Robert Cæsar (1875). A Dictionary of the Pali Language (अंग्रेजी में). Trübner & Company. p. 119. Retrieved 31 मार्च 2026.
- ↑ Jayatilleke, K. N. (1 जनवरी 2009). Facets of Buddhist Thought: Collected Essays (अंग्रेजी में). Buddhist Publication Society. ISBN 978-955-24-0335-4.
- ↑ अम्बावाड़े, सुरेश (2007). Gospel of The Emperor (अंग्रेजी में). राजपुत्र प्रकाशन. Retrieved 1 जून 2026.
- ↑ Barman, Alok (26 अक्टूबर 2024). The Rational View (अंग्रेजी में). Retrieved 1 जून 2026.
| ई बौद्ध धर्म-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |