एल नीनो

एल नीनो चाहे एल निनो (अंग्रेजी: El Niño lit. 'शिशु यीशु'[1]) एगो प्राकृतिक जलवायु बैज्ञानिक-घटना हवे जेकरा दौरान बिचला आ पूरबी प्रशांत महासागर में भूमध्यरेखीय इलाका में समुंद्री सतह के पानी के तापमान आम दसा से बेसी हो जाला;[2][3][1] एकरा चलते निचला वायुमंडल में बहे वाली हवा (सरफेस विंड्स) — खास क के ट्रेड विंड के नाँव से जानल जाये वाली पुरुआ हवा — के पैटर्न आम दसा से बहुत अलग किसिम के हो जाला; आ एह घटना के परभाव बिसेस रूप से पेरू के समुंद्रतटीय इलाका, आ बाद में बिस्तार ले के भारत-अमेरिका समेत मय बिस्व के मौसम पर पड़े लाl ख़ास क के पूरा बिस्व भर[1] के उष्णकटिबंधीय इलाका सभ में मौसम आम दसा से बहुत अलग हो जाला। ई रेगुलर होखे वाली घटना हवे जे आमतौर प 2 से 7 साल पर रिपीट होखे ले। हालांकि, कौनों दू गो इवेंट एकदम एक्के नियन ना होलें; एकर परभाव हर बेर के इवेंट में कम-बेसी होखे ला।[2] एल नीनो के उल्टा होखे वाली घटना के ला नीना हवे।[1]
एह पूरा घटना (फेनोमेना) के एल नीनो-एन्सो (El Niño — ENSO) चाहे एल नीनो दक्खिनी दोलन के नाँव से जानल जाला। एल नीनो आ एकर उल्टा इस्थिति ला नीना दुन्नो एह ब्यापक फेनामेना के अलग-अलग आ बिसेस रूप से घटित होखे वाला फेज हवें। प्रशांत महासागर के ओह इलाका में जे भूमध्यरेखा के आसपास पड़े ला तीन तरह के दसा हो सके लीं — सामान्य भा आम दसा (जब न एल नीनो वाला फेज होखे, न ला नीना वाला फेज होखे), एल नीनो — जब पानी सामन्य से बेसी गरम हो जाय; आ एकरा बिपरीत ला नीना के दसा जेह में समुंद्री सतह के तापमान आम दसा से कम दर्ज कइल जाय।
परंपरागत (क्लासिकल) रूप से एल नीनो के एगो समुंद्री धारा के रूप में परिभाषित/चिन्हित कइल जाव जे हम्बोल्ट धारा भा पेरू के ठंडा धारा के उल्टा बह के एकरा के रिप्लेस क देवे।[4][5]
एल निनो घटना के पहिले से अनुमान लगावल आ भबिस्यबाणी करे के कौनों तरीका अबहिन ले नईखे खोजल गइल। एकरा सुरू होखे के जरूर सुरुआते में चिन्हित कइल जा सके ला।
अबतक ले दू गो सभसे मजबूत एल नीनो इवेंट दर्ज कइल गइल बाड़ें जे 1982-83 में आ 1997-98 में भइल रहलें।[1] बिस्व मौसम बिज्ञान संगठन (WMO) साल 2026 खातिर चेतावनी जारी कइले बाटे कि एह साल एल नीनो इवेंट खातिर तइयार रहल जाव।[6]
संदर्भ
[संपादन करीं]- 1 2 3 4 5 "A comprehensive Resource". El Nino Theme Page. 24 December 2009. Retrieved 5 June 2026.
- 1 2 "What is "El Niño" and what are its effects?". USGS. 1 March 2016. Retrieved 5 June 2026.
- ↑ Observatory, NASA Earth (7 October 2024). "El Niño". NASA Science. Retrieved 5 June 2026.
- ↑ Shrivashtava 2026.
- ↑ Eric Guilyrdi; et al. (मार्च 2009). "Understanding El Nino in Ocean-Atmosphere General Circulation Models: Progress and Challenges" (PDF). American Meteorological Society, BAMS: 325-. Retrieved 5 जून 2026.
{{cite journal}}: Explicit use of et al. in:|last1=(help) - ↑ "WMO: Prepare for El Niño". World Meteorological Organization. 1 June 2026. Retrieved 5 June 2026.
ग्रंथसूची
[संपादन करीं]- Shrivashtava, Vinod (10 April 2026). Bharat Ka Bhugol (Hindi में). Prabhat Prakashan. ISBN 978-93-7573-698-1. Retrieved 5 June 2026.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
| ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |