एडेनियम
एडेनियम | |
---|---|
![]() | |
Adenium obesum | |
बैज्ञानिक वर्गीकरण ![]() | |
किंगडम: | प्लेंटाई (Plantae) |
क्लैड (Clade): | एंजियोस्पर्म (Angiosperms) |
क्लैड (Clade): | यूडिकॉट्स (Eudicots) |
क्लैड (Clade): | एस्टराइड (Asterids) |
ऑर्डर (Order): | Gentianales |
परिवार: | Apocynaceae |
उपपरिवार: | Apocynoideae |
Tribe: | Nerieae |
जाति (Genus): | Adenium Roem. & Schult.[1] |
अउरी दूसर नाँव[2] | |
|
एडेनियम (Adenium) एगो फूलवाला पौधा के जीनस हवे, जे Apocynaceae परिवार में आवेला आ पहिला बेर 1819 में जीनस के रूप में वर्णित भइल रहे। ई अफ्रीका आ अरबी प्रायद्वीप के मूल निवासी हवे।
उगावल आ इस्तेमाल
[संपादन करीं]एडेनियम ओबेसम (Adenium obesum) के समशीतोष्ण आ उष्णकटिबंधीय इलाकन में घरेलू सजावट के पौधा के रूप में उगावल जाला। एकर कई गो संकर (hybrids) विकसित भइल बा। एडेनियम लोगन के रंग-बिरंग के फूल आ अजीब मोटगर कांड (caudex) के चलते पसंद परे ला। ई गमला में कई साल तक उगावल जा सकेला आ बोंसाई (bonsai) बनावे में अक्सर इस्तेमाल होखे ला।
एडेनियम प्रजाति के फर जोड़ा फल (follicular fruit) होखे लें। ई फर फाट के बीया छोड़ेला, ओह बीया में दोहरा पैपस (pappus) (मतलब हर किनारा पर रोआँ के झुंड) रहेला, जेकरा से हवा में उड़ के एह पौधा के फैलाव होला।
बीया से उगावल पौधा जननात्मक रूप से ठीक अपना महतारी-पौधा'वे (mother plant) जइसन ना होला, एही से बढ़ियाँ किसिम के पौधा आमतौर पर grafting (कलम लगावे) से बढ़ावल जालें। जननात्मक रूप से एक-जैसन पौधा cutting (कलम काट के) से भी उगावल जा सकेला। बाकिर कटिंग से उगावल पौधा में मोटगर caudex ओतना जल्दी ना बन पावेला, जेतना बीया से उगला पर होला।
एडेनियम बोहेमियेनम (Adenium boehmianum), ए. मल्टीफ्लोरम (A. multiflorum), आ ए. ओबेसम (A. obesum) के रस में जहरीला cardiac glycosides रहेला, जवन अफ्रीका भर में बड़हन जानवरन के शिकार खातिर तीर में जहर के रूप में इस्तेमाल होखेला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Genus: Adenium Roem. & Schult". Germplasm Resources Information Network. United States Department of Agriculture. 2003-03-14. Archived from the original on 2012-10-06. Retrieved 2010-06-26.
- ↑ "World Checklist of Selected Plant Species".
ई पौधा पर बनल लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |