एडवेंचर आइलैंड

विकिपीडिया से

इ क्षेत्र मेट्रो वॉक – कई तरह क अनुभव देवे वाला, एडवेंचर आइलैंड - मनोरंजन पार्क और लैगून - कृत्रिम झील की तौर पर विभाजित कईल गइल बा।

एडवेंचर आइलैंड[संपादन करीं]

एडवेंचर आइलैंड अंतरराष्ट्रीय स्तर पर प्रसिद्ध डिजाइन सलाहकार और आर्किटेक्ट फ़ॉरेक कनाडा, मैनेजमेंट सर्विसेज कैलिफ़ोर्निया, इलेक्ट्रासोनीक यूएसए, सिटी डिज़ाइन समूह अमरीका, ड्यू कॅनडा और टीयूवी जर्मनी द्वारा डिजाइन कईल गइल एगो विश्व स्तरीय मनोरंजन पार्क ह। इ 62 एकड़ में फैलल बा। इ पार्क विश्व स्तर प स्वीकार कईल गइल उच्चतम यूरोपीय सुरक्षा मानक डीआईएन-ड्यूश इंस्टिट्यूट फॉर नॉर्मंग क पालन करेला,जवन कि दुनिया भर में शीर्ष मनोरंजन पार्कन द्वारा पालन कईल जाला।

रिठाला मेट्रो स्टेशन रोहिणी की सामने स्थित, एडवेंचर आइलैंड शहर की सब भागन से मेट्रो से और बाहरी एवं अंदरूनी रिंग रोड से जुड़ल बा।[1]

मेट्रो वॉक[संपादन करीं]

मेट्रो वॉक पूरा देश में अपनी तरह क अलग और एकमात्र परियोजना ह।[2] दिल्ली और एन सी आर की फैशन की प्रति रुझान रखे वाला समझदार ग्राहक लोगन खातिर इ एगो खरीदारी क जगह ह। एकरी द्वारा दीहल जाए वाला सुविधा की आधार प मेट्रो के अपनी शहर क केवल एक मात्र फैशन खातिर मशहूर होखले की जगह क गौरव प्राप्त भइल बा।[3] इ ओ ग्राहक लोगन के सेवा देला जे एगो आकर्षक माहौल में शानदार खरीदी का अनुभव प्राप्त कईल चाहेला। एमें एगो मनोरंजन पार्क और एगो पूरी तरह से सुसज्जित खुदरा वाणिज्यिक केंद्र भी शामिल बा जेमें देश की कईगो ब्रांड की साथ खईले पियले क जगह भी बा, ए प्रकार से इ आगंतुकन खातिर एगो पूर्ण मनोरंजन और खरीदारी क स्थल ह। ए सबकी साथ एइजा कई तरह क मनोरंजन क कार्यक्रम क आयोजन भी कईल जाला।
एइजा इंटरनेट कनेक्टिविटी क भी इन्तेजाम बा। इ नजदीकी मेट्रो स्टेशन से सिर्फ 5 मिनट की पैदल दूरी पर बा और सिर्फ 10 मिनट की ड्राइव पर एइजा से राष्ट्रीय राजमार्ग बा जवन, सोनीपत, पानीपत, अंबाला, चंडीगढ़ और अन्य उत्तरी बेल्ट्स की ओर जाला।

सन्दर्भ[संपादन करीं]

  1. "एडवेंचर आइलैंड मनोरंजन पार्क". cleartrip.com.
  2. "मेट्रो वॉक". appughar.com.
  3. "यूनिटेक, अंतर्राष्ट्रीय मनोरंजन मनोरंजन पार्क के लिए टाई". financialexpress.com.