Jump to content

एग्लोनेमा

विकिपीडिया से
चाइनीज एवरग्रीन 'लिपस्टिक प्लांट' (सियाम ऑरोरा)

एग्लोनेमा (अंग्रेजी: Aglaonema) एरम परिवार, एरेसी (Araceae) के फूल वाला पौधा के एगो जीनस हवे। ई एशियान्यू गिनी (New Guinea) के ट्रॉपिकल आ सब-ट्रॉपिकल इलाका में देसी रूप से मिले ला। लोग एहके आम भाषा में चाइनीज़ एवरग्रीन (Chinese evergreen) कहेला। बागबानी में ई सजावटी पौधा के रूप में घरन में लगावल जाला आ कम रौशनी में रह सके ला। एकर कई गो प्रजाति बाड़ी स आ कई ठे किसिम डेवलप कइल गइल बाड़ी कुल। सभसे पॉपुलर किसिम Aglaonema commutatum के लाल पाती वाली किसिम हवे जेकरा के लिपस्टिक प्लांट के नाँव से जानल जाला।