एक्स कॉर्प.
Appearance
एक्स कॉर्प. (अंग्रेजी: X Corp.) एगो अमेरिकी टेक्नोलॉजी कंपनी हवे, जेकर मुख्यालय बैस्ट्रॉप, टेक्सास में बा। एह कंपनी के स्थापना एलन मस्क 2023 में कइलें, जवन 'ट्विटर, इंक.' के उत्तराधिकारी हवे। 28 मार्च 2025 से ई कंपनी एक्सएआइ के पूरा तरीका से मालिकाना वाला सहायक (सब्सिडरी) बन गइल, आ xAI खुद 2 फरवरी 2026 से स्पेसएक्स के सहायक कंपनी हवे। ई कंपनी एक्स (सोशल नेटवर्क) (पहिले जेकरा ट्विट्टर केनांव से जानल जाव) के मालिक बा, आ एकरा के आधार बना के अउरी सेवा शुरू करे के योजना बनवले बा, जइसे xAI के Grok आ Aurora मॉडल के शामिल कइल। एह कंपनी के पास ट्विटर के ट्रेडमार्क भी बा, आ बंद हो चुकल सेवा जइसे Vine, Periscope, आ X.com के अधिकार भी बा।
| ई कॉर्पोरेशन भा कंपनी संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |